[the_ad_group id="30365"]

Cricket : ऑस्ट्रेलिया-ए के खिलाफ घरेलू सीरीज खातिर भारत-ए टीम घोषित, ऋतुराज-पडिक्कल बनलें कप्तान, हार्दिक पांड्या के वापसी

India A vs Australia A Series 2026 Team
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली। ऑस्ट्रेलिया-ए के खिलाफ होखे वाला दूगो चार दिवसीय मैच आ तीन गो वनडे मैच के सीरीज खातिर भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) भारत-ए टीम के एलान कs देले बा। दुनु फॉर्मेट खातिर अलग-अलग खिलाड़ी के कप्तानी के जिम्मेदारी दिहल गइल बा। चार दिवसीय मुकाबला में देवदत्त पडिक्कल टीम के कप्तान रहिहें, जबकि वनडे सीरीज में ऋतुराज गायकवाड़ टीम के अगुआई करिहें। वनडे टीम में हार्दिक पांड्या के सामिल कइल गइल बा, बाकिर उनका के खेले के मवका फिटनेस टेस्ट पास कइला के बाद मिली।

पडिक्कल संभरिहें चार दिवसीय टीम के कमान

चार दिवसीय मैच खातिर देवदत्त पडिक्कल के कप्तान आ साई सुदर्शन के उपकप्तान बनावल गइल बा। चोट के चलते श्रीलंका के खिलाफ टेस्ट सीरीज में ना खेल सकल साई सुदर्शन के अब भारत-ए टीम में वापसी भइल बा। अमन मोखाडे, आयुष पांडे, यश राठौड़ आ शेख रशीद के टीम में जगह मिलल बा।

दलीप ट्रॉफी में ईस्ट जोन खातिर बढ़िया प्रदर्शन करे वाला कुमार कुशाग्र के टीम में सामिल कइल गइल बा। शम्स मुलानी, तनुष कोटियान आ नचिकेत भुटे टीम के हिस्सा बा लो। विकेटकीपिंग के जिम्मेदारी कुमार कुशाग्र आ एन जगदीशन संभरिहें।

गेंदबाजी में नवहा खिलाड़ियन पs भरोसा

चार दिवसीय टीम के तेज गेंदबाजी विभाग में तुषार देशपांडे, अंशुल कंबोज आ प्रफुल्ल हिंगे के सामिल कइल गइल बा। आईपीएल 2026 में बढ़िया गेंदबाजी से प्रभावित करे वाला प्रफुल्ल हिंगे के अब भारत-ए खातिर मवका मिलल बा। घरेलू क्रिकेट में बढ़िया प्रदर्शन करे वाला नवहा खिलाड़ियन के टीम में जगह दिहल गइल बा।

वनडे में ऋतुराज कप्तान, हार्दिक पांड्या टीम में

वनडे सीरीज खातिर ऋतुराज गायकवाड़ के कप्तान आ देवदत्त पडिक्कल के उपकप्तान बनावल गइल बा। हार्दिक पांड्या के टीम में सामिल कइल गइल बा, हालांकि ऊ फिटनेस टेस्ट पास कइला के बादे सीरीज में खेल पइहें।

वनडे टीम में साई सुदर्शन, प्रियांश आर्या, रजत पाटीदार, कुमार कुशाग्र, निशांत सिंधु, नमन धीर आ प्रभसिमरन सिंह जइसन खिलाड़ी सामिल बा लो। गेंदबाजी विभाग में अरशिन कुलकर्णी, अरशद खान, गुरजापनीत सिंह आ यश ठाकुर पs नजर रही।

22 सितंबर से सुरू होई सीरीज

भारत-ए आ ऑस्ट्रेलिया-ए के बीच सीरीज के सुरुआत 22 सितंबर से होई। पहिला चार दिवसीय मुकाबला 22 से 25 सितंबर तक आ दूसरा मैच 29 सितंबर से 2 अक्टूबर ले पुड्डुचेरी में खेलल जाई।

एकरा बाद तीन मैच के वनडे सीरीज होई। पहिला वनडे 6 अक्टूबर, दूसरा 9 अक्टूबर आ तीसरा 11 अक्टूबर के पुड्डुचेरी में खेलल जाई।

एह सीरीज में भारत-ए के खिलाड़ी बढ़िया प्रदर्शन कs के चयनकर्ता लोगन के धेयान अपना ओर खींचे के कोसिस करी लो। खास तौर पs हार्दिक पांड्या के फिटनेस पs नजर रही। फिटनेस टेस्ट पास कइला के बादे ऊ वनडे सीरीज में मैदान पs उतर पइहें।

भारत-ए बनाम ऑस्ट्रेलिया-ए सीरीज के शेड्यूल

  • 22-25 सितंबर: पहिला चार दिवसीय मैच, पुड्डुचेरी
  • 29 सितंबर-2 अक्टूबर: दूसरका चार दिवसीय मैच, पुड्डुचेरी
  • 6 अक्टूबर: पहिला वनडे, पुड्डुचेरी
  • 9 अक्टूबर: दूसरका वनडे, पुड्डुचेरी
  • 11 अक्टूबर: तीसरका वनडे, पुड्डुचेरी

ऑस्ट्रेलिया क्रिकेट बोर्ड एह सीरीज खातिर आपन टीम के एलान पहिलही कs चुकल बा। ऑस्ट्रेलिया-ए टीम में पीटर हैंड्सकॉम्ब, सैम कोंस्टास, ब्रेंडन डॉगेट आ झाई रिचर्डसन जइसन खिलाड़ियन के सामिल कइल गइल बा।

Read Also: National Sports Governance Act : BCCI आ राज्य क्रिकेट संघ एकर दायरा से बाहर काहे? सुप्रीम कोर्ट पूछलस सवाल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]