स्पोर्ट्स डेस्क। भारत के दिग्गज बल्लेबाज रोहित शर्मा के वनडे टीम में जगह के लेके पिछिला कुछ समय से सवाल उठत रहल बा। मीडिया में कइयन बेर अइसन खबर सामने आइल कि रोहित शर्मा 2027 के वनडे वर्ल्ड कप में खेलत ना दिखाई दिहें। बाकिर अब एह तरे के अटकल पs रोक लागत देखाई दे रहल बा।
भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड के मुंबई में बियफे के समीक्षा बैठक भइल। एह बैठक में रोहित शर्मा के भविष्य पs चरचा होखे के बात कहल जात रहे। अब सामने आइल जानकारी के मोताबिक रोहित वनडे वर्ल्ड कप 2027 के प्लान के हिस्सा बाड़ें।
बीसीसीआई के बैठक में रोहित के भविष्य पs चरचा
बीसीसीआई के समीक्षा बैठक में टेस्ट आ वनडे कप्तान शुभमन गिल, टी20 कप्तान श्रेयस अय्यर, टीम इंडिया के हेड कोच गौतम गंभीर आ सेंटर ऑफ एक्सीलेंस के प्रमुख वीवीएस लक्ष्मण सामिल रहल लो। चीफ सेलेक्टर अजीत अगरकर मुंबई में मवजूद ना रहला के चलते बैठक में सामिल ना हो सकलें।
रिपोर्ट के मोताबिक, भारतीय टीम में रोहित शर्मा के जगह पs फिलहाल खतरा नइखे। बीसीसीआई सचिव देवजीत सैकिया रोहित के प्रदर्शन के तारीफ करत कहलें कि सभे जानेला कि ऊ केतना सानदार क्रिकेट खेलत बाड़ें।
इंग्लैंड दौरा में उठल रहे रोहित के संन्यास के सवाल
भारत हाले में इंग्लैंड के खिलाफ तीन मैच के वनडे सीरीज खेलले रहे। एह सीरीज में टीम इंडिया के 1-2 से हार मिलल रहे। सुरुआती दू मैच में रोहित के बल्ला से खास रन ना निकलल।
दूसरका वनडे में खराब प्रदर्शन के बाद अइसन खबर आइल कि लॉर्ड्स में होखे वाला तीसरा वनडे रोहित शर्मा के करिअर के आखिरी मुकाबला हो सकेला। बाकिर रोहित तीसरा मैच में सानदार शतक जड़ के आलोचक आ अटकल लगावे वाला लोगन के जवाब दे देलें।
वेस्टइंडीज के खिलाफ वनडे सीरीज में खेलिहें रोहित
रोहित शर्मा अब अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट में खाली वनडे फॉर्मेट में खेलत बाड़ें। एह वजह से फैंस के उनकर खेल देखे के मवका कम मिलेला। भारत के अगिला वनडे सीरीज 27 सितंबर से वेस्टइंडीज के खिलाफ होखे वाला बा। एह सीरीज में रोहित शर्मा के एक्शन में देखे के उम्मीद बा।
2027 वनडे वर्ल्ड कप के नजर से रोहित के अनुभव भारतीय टीम खातिर बहुते महत्वपूर्ण हो सकेला। बीसीसीआई के हालिया रुख से फिलहाल इहे संकेत मिलत बा कि हिटमैन के वनडे करिअर जारी रही आ ऊ 2027 वर्ल्ड कप के योजना में सामिल बाड़ें।
Read Also: Sonipat Accident : KMP पs मजदूरन से भरल ईको गाड़ी ट्रक से टकराइल, तीन के गइल जान, नव घायल






