[the_ad_group id="30365"]

दु पक्षन के बीच मारपीट, तीन लोग जख्मी: दुनो तरफ से चलल लाठी आ डंडा, सब आरोपी फरार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोपालगंज के जादोपुर थाना क्षेत्र के बरईपट्टी गांव में पहिले के जमीनी विवाद में दुगो पक्षन के बीच जमके लाठी-डंडा चलल। धारदार हथियार से एक दूसरा पs हमला कइल गइल। एह दौरान एह हमला में एक पक्ष से महिला समेत तीन लोग बुरा तरे जख्मी हो गइल।

घायलन के तत्काल इलाज खातिर गोपालगंज सदर अस्पताल में भर्ती करावल गइल। जहां सब जख्मी लोगन के इलाज डॉक्टर के देखरेख में चल रहल बा। जख्मी लोगन में रामेश्वर दुबे, उनकर पत्नी चंदा देवी आ बेटा अभिनव कुमार सामिल बा लो।

तीस साल से चल रहल बा विवाद

घटना के संदर्भ में बतावल जा रहल बा की जख्मी रामेश्वर दुबे आ उनका पड़ोसी के बीच पहिले से जमीन के विवाद चलत रहे। आरोप बा की बरईपट्टी निवासी रामेश्वर दुबे कर जमीन पs उनकरे पड़ोस के लोग करीब तीस साल से जबरन कब्जा कइले  बा। ओहिजा विवादित जमीन के ममिला के निपटारा के लेके पंचायती चलत रहे।

एह बीच पंचायत के बात ना मानत पड़ोस के लोग जबरन विवादित जमीन पs पहुंच के जुताई के काम सुरू कs दिहल। जवना के विरोध करे पहुंचल रामेश्वर दुबे, उनकर पत्नी चंदा देवी आ पुत्र अभिनव कुमार पs पड़ोस के लोग तलवार से हमला कs दिहल।

मारपीट के घटना के बाद हमलावर मवका से फरार हो गइल। ओहिजा आसपास के लोगन के सहजोग से सब घायलन के सदर अस्पताल में भर्ती करावल गइल। मारपीट के घटना के बाद पुलिस घायलन के बयान दर्ज कs के कार्रवाई करे में जुट गइल बिया।

ममिला के जांच में जुटल पुलिस

जादोपुर थानाध्यक्ष बतवलें कि जख्मी लोगन के फर्द बयान दर्ज कइल गइल बा। ममिला के जांच कइल जा रहल बा। जांच के बाद दोषियन पs कार्रवाई कइल जाई।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]