[the_ad_group id="30365"]

15 सितंबर 2026 के राशिफल

Rashifal : राशिफल
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक- 15/09/2026

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

भाद्रपद शुक्ल पक्ष

तिथिचतुर्थी

सबेरे के 07 बजके 44 मिनट ले,

ओकरा बाद पंचमी।

दिन- मंगर।

स्वाति नक्षत्र

दिन के 03 बजके 21 मिनट ले,

ओकरा बाद विशाखा नक्षत्र।

इन्द्र जोग

सांझ के 12 बजके 19 मिनट ले,

ओकरा बाद वैधृति जोग।

विष्टि करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 16/09/2026

भाद्रपद शुक्ल पक्ष

तिथि- पंचमी

दिन के 08 बजके 59 मिनट ले।

दिन-बुध।

विशाखा नक्षत्र

दिन के 05 बजके 22 मिनट ले।

वैधृति जोग

दिन के 12 बजके 22 मिनट ले।

बालव करण।

 

आज के राशिफल

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज कामकाज में सफलता मिली। रुकल काम आगे बढ़ी। परिवार के लोगन के सहजोग मिली। खरचा पs नियंत्रण रखीं।

 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा,वी,वू,वे,वो से सुरू होला)

आज आर्थिक इस्थिति मजबूत हो सकेला। नौकरी में नया मवका मिल सकेला। कारोबार में सोच-समझ के फैसला लीं। सेहत बढ़िया रही।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज दिन तनिका व्यस्त रही। काम के दबाव बढ़ सकेला, बाकिर मेहनत के अच्छा परिणाम मिली। परिवार में खुसहाली रही।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज धन लाभ के जोग बा। पुरान निवेश से फायदा मिल सकेला। घर-परिवार में माहौल अच्छा रही। जतरा के योजना बन सकेला।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज आत्मविश्वास बढ़ल रही। नौकरी में अधिकारियन से तारीफ मिली। कारोबार में लाभ हो सकेला। खीस पs काबू रखीं।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज नया काम सुरू करे खातिर दिन अच्छा बा। आर्थिक लाभ के अवसर मिली। विद्यार्थी लोग पढ़ाई में अच्छा प्रदर्शन कs सकेला।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज रिश्तन में मिठास बढ़ी। काम के सिलसिला में नया संपर्क फायदेमंद साबित हो सकेला। धन के लेके सावधानी बरतीं।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज मेहनत के पूरा फल मिली। नौकरी में जिम्मेदारी बढ़ सकेला। कारोबार में लाभ के संभावना बा। स्वास्थ्य के प्रति लापरवाही मत करीं।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज भाग्य के साथ मिली। रुकल काम पूरा हो सकेला। परिवार के कवनो सदस्य से खुसखबरी मिली। आर्थिक इस्थिति सामान्य से बेहतर रही।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज कामकाज में चुनौती आ सकेला, बाकिर धैर्य रखला से सफलता मिली। खरचा बढ़ सकेला, एकरा से बजट बना के चलीं।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज करिअर में आगे बढ़े के मवका मिली। नया योजना पs काम सुरू कs सकेनी। संघतियन आ सहजोगियन के मदद मिली।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज मन प्रसन्न रही। परिवार में कवनो सुभ समाचार मिल सकेला। नौकरी-कारोबार में इस्थिति अनुकूल रही। स्वास्थ्य अच्छा रही।

Read Also: UP : सीएम योगी के निरदेस- बरसात से खराब सड़कन के तत्काल मोटरेबल बनाईं, बरखा बाद कराईं नवीनीकरण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]