[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में क्रूज के सैर के इंतजार खत्म: 15 दिसंबर के सीएम योगी करिहें लोकार्पण, क्रूज पs मिली फाइव स्टार जइसन सुविधा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर के लोगन के रामगढ़ताल में क्रूज लेक क्वीन के सैर करे खातिर अब आउर इंतजार ना करे के होई। काहेकि, मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ 15 दिसंबर के रामगढ़ताल में 200 टन वजनी क्रूज लेक क्वीन के लोकार्पण करेम। एकरा के लेके गोरखपुर विकास प्राधिकरण (GDA) तइयारी सुरू कs देले बा। एह क्रूज में 150 पर्यटकन के संगे सवारी कs सकी।

क्रूज लेक क्वीन के लोकार्पण खातिर रामगढ़ताल जेट्टी पs भव्य कार्यक्रम आयोजित होई। जहां करीब 300 लोगन के बइठे के बेवस्था कइल जाई। लोकार्पण के बाद सीएम योगी खुद क्रूज में भ्रमण कs के ओमे दिहल जाये वाली सुविधन के बारे में जानकारी लिहें।

12 करोड़ के लागत से बनल बा क्रूज

दरअसल, रामगढ़ताल में लोगन के सैर करावे खातिर लग्जरी क्रूज लेक क्वीन के निर्माण 12 करोड़ के लागत में भइल बा। ई क्रूज तीन फ्लोर में बा, जेमे एक संगे 150 लोगन के बइने के बेवस्था बा। एमे फाइव स्टार होटल जइसन सुविधा मिली। वेज आ नानवेज लजीज व्यंजनन के संगही एमे बार तक के सुविधा होई। हालांकि, क्रूज पs बियफे खातिर लाइसेंस एकरा लोकार्पण के बाद मिली।

हालांकि, एह क्रूज पs सैर करे खातिर गोरखपुर के लोग लमहर समय से इंतजार करत रहे। अइसन में अब 15 दिसंबर के सांझ चार बजे ई इंतजार खत्म हो जाई। GDA VC आनंद वर्द्धन सिंह बतवलें कि 15 दिसंबर के क्रूज के लोकार्पण होखे के बा। एकरा खातिर मुख्यमंत्री के कार्यक्रम फाइनल हो गइल बा। कार्यक्रम के भव्य बनावे खातिर तइयारी कइल जा रहल बा।

कइसन बा, रामगढ़ताल झील में उतरल क्रूज

  • 12 करोड़ के लागत से बनल क्रूज
  • 200 टन वजनी बा क्रूज के वजन
  • 150 पयर्टकन के क्षमता के बा क्रूज
  • 1.25 करोड़ रुपिया खर्च कs के पसेंजर वेटिंग प्लेटफार्म पs आइल
  • तीन फ्लोर के क्रूज अत्याधुनिक सुविधन से लैस होई
  • 11 नवंबर के 100 टन वजनी क्रूज पैसेंजर वेटिग प्लेटफार्म पानी में उतरल रहे
  • नौ वैलून में हवा भर के गोवा से आइल विशेषज्ञ लोग प्लेटफार्म के पानी में उतारल
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]