स्पोर्ट्स डेस्क। भारत आ अफगानिस्तान के बीच तीन मैच के टी20 सीरीज के सुरुआत 13 सितंबर से होखे जा रहल बा। सीरीज के सब मैच नई दिल्ली में खेलल जाई। अफगानिस्तान के खिलाफ टी20 सीरीज में सब केहू के नजर जुवा बल्लेबाज वैभव सूर्यवंशी पs रही। टीम इंडिया के स्क्वॉड में अभिषेक शर्मा आ संजू सैमसन सामिल बा लो। एह वजह से अभी ई तय नइखे कि वैभव के पहिला मैच के प्लेइंग-11 में मवका मिली कि ना। हालांकि, जदि ऊ मैदान पs उतरलें तs उनका लगे पूर्व भारतीय बल्लेबाज वीरेंद्र सहवाग के पीछे छोड़े के बढ़िया मवका रही।
तीन छक्का लगावते सहवाग से आगे निकलिहें वैभव
15 साल के वैभव सूर्यवंशी अभी तक घरेलू मैदान पs कवनो टी20 इंटरनेशनल मैच नइखन खेलले। उनकर छव टी20 इंटरनेशनल मैच बिदेसी मैदान पs भइल बा। अब नई दिल्ली में घरेलू मैदान पs पहिला टी20 खेलला के मौका मिलल त ऊ एह मवका के पूरा फायदा उठावे के कोसिस करिहें।
वैभव भारत खातिर अभी तक छव टी20 इंटरनेशनल मैच में 32.16 के औसत आ 189.21 के स्ट्राइक रेट से 193 रन बनवले बाड़ें। एह दौरान ऊ दूगो अर्धशतक लगवले बाड़ें। वैभव के नाम 14 छक्का बा।
ओहिजा, वीरेंद्र सहवाग भारत खातिर 19 टी20 इंटरनेशनल मैच खेलले आ 21.88 के औसत से 394 रन बनवलें। उनकर स्ट्राइक रेट 145.38 रहे। सहवाग अपना टी20 इंटरनेशनल करिअर में 16 छक्का लगवले रहलें। अइसन में वैभव जदि अफगानिस्तान के खिलाफ पहिला मैच में तीन छक्का लगा देत बाड़ें तs ऊ सहवाग के पीछे छोड़ दिहें।
भारत खातिर सबसे जादे टी20 इंटरनेशनल छक्का
भारत खातिर टी20 इंटरनेशनल में सबसे जादे छक्का लगावे वाला बल्लेबाजन में रोहित शर्मा सबसे ऊपर बाड़ें। रोहित के नावे 205 छक्का बा। सूर्यकुमार यादव 179 छक्का के संगे दूसरा, हार्दिक पांड्या 126 छक्का के संगे तिसरा आ विराट कोहली 124 छक्का के संगे चउथा नंबर पs बाड़ें। अभिषेक शर्मा 104 छक्का के संगे पांचवां स्थान पs बाड़ें।
आईपीएल 2026 में वैभव के सानदार प्रदर्शन
वैभव सूर्यवंशी आईपीएल 2026 में सानदार प्रदर्शन कइले रहलें। राजस्थान रॉयल्स उनका के 1.1 करोड़ रुपिया में रिटेन कइले रहे। ऊ सीजन में 16 मैच में 776 रन बनवलें आ 237.3 के स्ट्राइक रेट से बल्लेबाजी कइलें। एह दौरान उनकर बल्ला से एगो शतक आ पांच अर्धशतक निकलल। वैभव आईपीएल 2026 में 72 छक्का लगवलें, जवन उनका के सीजन में सबसे ज्यादा छक्का लगावे वाला बल्लेबाज बनवलस। सानदार प्रदर्शन के दम पs ऊ ऑरेंज कैप अपना नामे कइलें।
वैभव अभी तक अपना टी20 करिअर में 40 मैच खेलके 148 छक्का लगा चुकल बाड़ें। एह ममिला में ऊ सहवाग से आगे निकल चुकल बाड़ें। सहवाग 159 टी20 मैच में 147 छक्का लगवले रहलें।
अफगानिस्तान के खिलाफ कब-कब मैच
श्रेयस अय्यर के कप्तानी में भारतीय टीम अफगानिस्तान के खिलाफ तीन मैच के टी20 इंटरनेशनल सीरीज खेली। दुनु टीम के बीच पहिला मुकाबला 13 सितंबर, दूसरका 15 सितंबर आ तीसरका 17 सितंबर के नई दिल्ली में खेलल जाई। एह सीरीज के बाद भारतीय टीम एशियाई खेल 2026 खातिर जापान रवाना होई, जहां ऊ अपना स्वर्ण पदक के बचाव करे उतरी।






