ट्विटर अब एलन मस्क के, टेस्ला के फाउंडर 44 अरब डॉलर में किनले, हर शेयर के कीमत 54 डॉलर

Share

टेस्ला CEO एलन मस्क ट्विटर के नया मालिक बन गइले। मस्क एह माइक्रो ब्लॉगिंग साइट के किनेला 44 बिलियन डॉलर माने 3368 अरब रुपिया के डील कइले बाड़े। ट्विटर के इंडिपेंडेंट बोर्ड के चेयरमैन ब्रेट टेलर भारतीय समे के मोताबिक रात 12 बजकर 24 मिनट पs एगो प्रेस रिलीज में मस्क के संगे भइल डील के बारे में जानकारी देले।

मस्क के ट्विटर के हर शेयर खातिर 54.20 डॉलर (4148 रुपए) चुकावे के होई। उनका लगे पहिलही से ट्विटर में 9% के हिस्सेदारी मवजूद बा। ऊ ट्विटर के सबसे बड़ शेयर होल्डर हवे। ताजा डील का बाद उनका लगे कंपनी के 100% हिस्सेदारी होई आ ट्विटर उनकर प्राइवेट कंपनी बन जाई।

एलन मस्क, टेस्ला फाउंडर

 

डील में का बा आ एकर मंजूरी कइसे मिलल?
CNN के रिपोर्ट के मोताबिक, एलन मस्क के मालिकाना हक आला कंपनी बने के बाद ट्विटर के सब शेयर होल्डरन के हर शेयर का बदला में 54.20 डॉलर माने 4148 रुपए कैश मिली। शेयर के ई कीमत मस्क के ट्विटर में 9% हिस्सेदारी के खुलासा करे से पहिले का मुकाबले 38% बेसी बा।

मस्क पिछला हफ्ता कहले रहस कि ऊ ट्विटर के किने ला 46.5 बिलियन डॉलर के फाइनेंस के इंतजाम कइले बाड़े। एकरा बाद ट्विटर के बोर्ड मस्क के ऑफर पs नया सिरा से विचार कइल। अतवार के मस्क के ऑफर पs चर्चा ला ट्विटर के बोर्ड के अहम बइठक भइल रहे।

मस्क ट्विटर के अनलॉक करे के बात कहले

सोमार देर साँझ के ई खबर आइल रहे कि ट्विटर बोर्ड मस्क केऑफर मंजूर कs लेले बा। अइसन में ई लगभग तय हो गइल रहे कि मस्क ट्विटर के नया मालिक होखिहे। माइक्रो ब्लॉगिंग साइट के खरीद डील फाइनल होखला के बाद मस्क ट्वीट कs के फ्री स्पीच के वकालत कइले। संगही ऊ ट्विटर के अनलॉक करे के बात कइले।

एलन मस्क भारतीय समे के मुताबिक सोमार के रात 1 बजकर 13 मिनट पs ट्वीट कs के ट्विटर के अनलॉक करे के बात कहले।

डील के चर्चा से ट्विटर के शेयर 6% ऊपर चढ़ल रहे

सोमार के दिनभर एलन मस्क के ट्विटर के किने का बारे में चरचा चलत रहल। एसे ट्विटर के शेयर में 6% का उछाल आइल। मस्क के हाथ में अइला के बाद लोग के कंपनी में बड़ ग्रोथ के उम्मीद लउकत बा।  खुद मस्क कह चुकल बाड़े कि ट्विटर में बहुते पोटेंशियल बा।

साभार: भाष्कर

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-