20 फीसदी ट्विटर अकाउंट फर्जी, डील आगे नइखे बढ़ सकत… का बा एलन मस्क के चाल जानीं

By Anurag Ranjan

Published on: May 17, 2022

टेस्ला कंपनी के सीईओ एलन मस्क के कहनाम बा कि ऊ ट्विटर से डील तब ले आगे ना बढ़इहे जब तक ले कंपनी ई साबित नइखे कs देत कि ओकरा प्लेटफॉर्म पs 5 फीसदी से

Share

टेस्ला कंपनी के सीईओ एलन मस्क के कहनाम बा कि ऊ ट्विटर से डील तब ले आगे ना बढ़इहे जब तक ले कंपनी ई साबित नइखे कs देत कि ओकरा प्लेटफॉर्म पs 5 फीसदी से कम स्पैम अकाउंट बा…

पछिला हफ्ता ट्विटर बतवले रहे कि एह तिमाही में माइक्रोब्लॉगिंग साइट पs लगभग 5 प्रतिशत स्पैम खाता रहे। टेस्ला के सीईओ ट्विटर के दावा के खारिज कs देले रहले आ सउदा के रोक देले। मस्क बाद में स्पष्ट कइले कि ऊ अभियो “अधिग्रहण ला प्रतिबद्ध” बाड़े।

 

एक्सपर्ट्स मानत बा लो कि ई मस्क के चाल हो सकत बा कि ऊ ट्विटर के सुरु में दिहल गइल से कम कीमत पs किन लेस। एलन मस्क पिछिला महीना ट्विटर के 44 अरब डॉलर में खरीदे के पेशकश कइले रहस। जब से मस्क ट्विटर के खरीदे के घोषणा कइले बाड़े, टेस्ला के सीईओ द्वारा आपन हिस्सेदारी के खुलासा कइला के बाद से कंपनी के स्टॉक अपना समूचा प्रोफिट गंवा देलस।

 

तमाम उम्मीदन के बीचे मस्क हाले में कहले रहस कि कम कीमत पs सउदा कइल बेमानी नइखे। ई स्पष्ट रूप से बतावत बा कि मस्क जेतना संभव हो सको ओतने कम ट्विटर बोली प्राप्त करे के कोशिश में बाड़े। मस्क ने सोमार के मियामी में एगो सम्मेलन में कहले, ” रउआ कवनो अइसन चीज ला ओतना कीमत नइखे चुका सकत जवन ओकरा दावे से जादे खराब बा।

 

मस्क हमेशा ट्विटर पs स्पैम अकाउंट के खिलाफ रहल बाड़े। वास्तव में, उ एक बेर बार कहले कि स्पैम अकाउंट ट्विटर पs “सबसे जादे परेशान करे आला समस्या” बा। मानल जा रहल बा कि एगो ट्विटर बॉस के तौर पs अधिग्रहण पूरा होखला के बाद मस्क पहिले स्पैम आ फर्जी अकाउंट के प्लेटफॉर्म से हटावे के दिशा में काम करिहे। हालिया रिपोर्ट में से एगो बतवलस कि मस्क के लगभग आधा अनुयायी नकली बा लो।

 

 

सीईओ पराग अग्रवाल एगो ट्विटर थ्रेड में कहले कि कंपनी प्लेटफॉर्म से फर्जी आ स्पैम अकाउंट के हटावे ला कड़ा मेहनत करत बा। अग्रवाल कहले कि ट्विटर “हर दिन आधा मिलियन से बेसी स्पैम खातन के सस्पेंड कs देला। ऊ कहले, जेतना संभव हो सके स्पैम के हटावे ला हम अपना सिस्टम आ नियमन के लगातार अपडेट करत रहेला।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.