Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

अब ना बन पइहे मुकेश अंबानी भारत के रिटेल किंग, रिलायंस इंडस्ट्रीज के फ्यूचर ग्रुप के संगे  डील कैंसिल 

2,351

रिलायंस इंडस्ट्रीज फ्युचर समूह के संगे 24,713 करोड़ रुपिया के सौदा रद्द कs देले बा। रिलायंस कहलस- सुरक्षित कर्जदाता लो एकरा विरोध में मतदान कइल, जवना के बाद एह फसीला के लेहल गइल। ओने, फ्युचर ग्रुप के लाइफस्टाइल फैसंस के अध्यक्ष शैलेश हरिभक्ति इस्तीफा दे देले बाड़े।

  • दिग्गज ई-कॉमर्स कंपनी ऐमजॉन एकर विरोध करत रहे।
  • फ्यूचर समूह के 19 कंपनियन के रिलायंस रिटेल अधिग्रहण करे आला रहे।
  • अगस्त 2020 में सौदा के ऐलान भइल रहे।

अगस्त 2020 में भइल रहे सौदा के ऐलान
फ्यूचर समूह अगस्त 2020 में रिलायंस इंडस्ट्रीज के कंपनी रिलायंस रिटेल वेंचर्स लिमिटेड (आरआरवीएल) के संगे 24,713 करोड़ रुपिया के विलय समझौता के घोषणा कइले रहे। एह समझौता के तहत खुदरा, थोक, लॉजिस्टिक आ भंडारण खंड में सक्रिय फ्यूचर समूह के 19 कंपनियन के रिलायंस रिटेल अधिग्रहण करे आला रहे। एह विलय समझौता के घोषणा के बादे से दिग्गज ई-कॉमर्स कंपनी ऐमजॉन एकर विरोध करत रहे। अलग-अलग अदालतन में ऐमजॉन ई कहत एह सौदा के विरोध कइलस कि ओकरा संगे भइल फ्यूचर समूह के निवेश समझौता के ई करार उल्लंघन करत बा।

हफ्ता के सुरुआत में अलग-अलग बइठक
विवाद बढ़ला पs एह सौदा पs शेयरधारकन आ ऋणदाता लोगन मंजूरी लेवे ला फ्यूचर समूह से संबंधित कंपननियन के हफ्ता के सुरूआत में अलग-अलग बइठक बुलावल गइल रहे। फ्यूचर समूह सुक के बतवले रहे कि शेयरधारक आ असुरक्षित ऋणदाता एह सौदा के मंजूरी दे देले बा लो बाकिर सुरक्षित कर्जदाता लो एकरा के नामंजूर कs देले बा लो। रिलायंस इंडस्ट्रीज एही घटनाक्रम के देखत सौदा के निरस्त कs देले बा।

244680cookie-checkअब ना बन पइहे मुकेश अंबानी भारत के रिटेल किंग, रिलायंस इंडस्ट्रीज के फ्यूचर ग्रुप के संगे  डील कैंसिल 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.