Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सुप्रीम कोर्ट: देश में पहिला बेर  भइल संविधान पीठ सुनवाई के LIVE प्रसारण , एह लिंक पs क्लिक कs के देखीं पूरा बहस

167
देश के इतिहास में पहिला बेर सुप्रीम कोर्ट ने मंगर के संविधान पीठ के कार्यवाही के सीधा प्रसारण शुरू कइलस। लाइव प्रसारण के दौरान वकील आपन -आपन दलील देत नजर अइलें अउर जज भी बीच-बीच में सवाल जवाब करत रहलें। एह कार्यवाही के webcast.gov.in/scindia/  पर देखल जा सकsता। उहवें सोमार के, मुख्य न्यायाधीश उदय उमेश ललित के अध्यक्षता वाली पीठ कहलस कि शीर्ष अदालत के लग्गे जल्दिए YouTube के उपयोग कइले के बजाय आपन कार्यवाही के लाइव-स्ट्रीम करे के आपन मंच होई। CJI के अध्यक्षता में हालही में पूर्ण न्यायालय के बैठक में  27 सितंबर से सब संविधान पीठ के सुनवाई के कार्यवाही के लाइव-स्ट्रीम करे के निर्णय लिहल गइल रहे।
सूत्र के कहनाम रहे कि शीर्ष अदालत YouTube के माध्यम से कार्यवाही के सीधा प्रसारण कs सकतिया अउर बाद में उनके अपने सर्वर पर होस्ट कर सकतीया। लोग बिना कौनो परेशानी के अपने सेल फोन, लैपटॉप अउर कंप्यूटर पs कार्यवाही के उपयोग कर सकेने।

26 अगस्त के सुप्रीम कोर्ट ने एगो वेबकास्ट पोर्टल के माध्यम से तत्कालीन मुख्य न्यायाधीश (सेवानिवृत्त) एन वी रमना के अध्यक्षता वाली पीठ के कार्यवाही के सीधा प्रसारण कइलें। हालांकि, ई एगो औपचारिक कार्यवाही रहल काहेसेकि ओ दिन न्यायमूर्ति रमना के पद छोड़े के रहल।

343450cookie-checkसुप्रीम कोर्ट: देश में पहिला बेर  भइल संविधान पीठ सुनवाई के LIVE प्रसारण , एह लिंक पs क्लिक कs के देखीं पूरा बहस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.