Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

10 यूट्यूब चैनल के 45 वीडियो सरकार ‘देश विरोधी’ बता के कइलस बैन, ध्रुव राठी के भी वीडियो भइल शामिल

170

Youtube के 10 चैनल के 45 वीडियो के खिलाफ सूचना अउरी प्रसारण मंत्रालय बड़ कार्रवाई कइल गइल बा। मंत्रालय 45 वीडियो के ब्लॉक कइले के निर्देश दिहले बानें। एह वीडियो के 1 करोड़ 30 लाख से ढ़ेर लोग देखले बा। ई फैसला 23 सितंबर के लिहल गइल।

सूचना अउरी प्रसारण मंत्री अनुराग ठाकुर कहलें “सूचना अउरी प्रसारण मंत्रालय देश के खिलाफ जहर उगिलले अउरी नफरत फइलावे के मामिला में कार्रवाई करत 10 यू-ट्यूब चैनल के 45 वीडियो के ब्लॉक कइले के निर्देश दिहले बा।

एह वीडियो में दावा कइल गइल रहे कि सरकार कुछ समुदाय के धार्मिक अधिकार के छीन लिहल गइल बा। अनुराग ठाकुर कहलें, “एह तरह के वीडियो के जरिए सांप्रदायिक तनाव पैदा करे अउरी व्यवस्था के नुकसान पहुंचावे के कोशिश कइल गइल रहे।”

देश के सीमा के गलत देखावल गइल

एही तरह कुछ वीडियो में जम्मू-कश्मीर अउरी लद्दाख के कुछ हिस्सा के संगे देश के सीमा के भी गलत तरीका से दिखावल गइल रहे। ई देश के संप्रभुता अउरी क्षेत्रीय अखंडता खातिर हानिकारक रहल।

मंत्रालय कहलस कि सरकार देश के संप्रभुता अउरी अखंडता, राष्ट्रीय सुरक्षा, विदेशी संबंध अउरी सार्वजनिक व्यवस्था के कमजोर करे के कोशिश करे वालन के खिलाफ कार्रवाई करे खातिर प्रतिबद्ध हवें।

प्रधानमंत्री की छवि खराब करे के कोशिश

मंत्रालय इहो बतवलस कि एह वीडियो के जरिए अन्य राष्ट्राध्यक्षन के संगे प्रधानमंत्री के छवि खराब करे के भी कोशिश कइल गइल बा। संगही चीन के ओर घुसपैठ के दावा कइल गइल। वीडियो में एनएसए के ले के आपत्तिजनक टिप्पणी कइल गइल।

एतने नाइ, भारतीय सेना में आंतरिक कलह जइसन भ्रामक बात कहल गइल। ओन्ने सूत्र के कहनाम बा कि यू-ट्यूब जम्मू-कश्मीर के ले के दिखावल गइल भारतीय सीमा से जुड़ल ध्रुव राठी के वीडियो अभिन नाइ हटावल गइल बा।

बैन कइल वीडियो के लिस्ट

 

 

 

 

 

 

343640cookie-check10 यूट्यूब चैनल के 45 वीडियो सरकार ‘देश विरोधी’ बता के कइलस बैन, ध्रुव राठी के भी वीडियो भइल शामिल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.