[the_ad_group id="30365"]

गंगा एक्सप्रेसवे के जमीन खरीद में करोड़ो रुपया के घोटाला, बंदोबस्त अधिकारी के खिलाफ कार्रवाई के सिफारिस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मेरठ से प्रयागराज ले गंगा एक्सप्रेस-वे बनवावल जा रहल बा। जिला में निर्माण प्रक्रिया के संगे कई गांव में जमीन लेहल भी जा रहल बा। साल 2021 में चर्दौसी के मझोला गांव में कृषि भूमि के मुआवजा में घपला कइल गइल बा। बतावल जाता कि एक गाटा संख्या के खातेदारन के जमीन दूसरा के नाम दिखा के मुआवजा राशि दे देहल गइल। एकरे अलावा गांव के ही एगो महिला के भूमि से बेसी मुआवजा दिहल गइल बा।

हाईकोर्ट चल गइल रहलें कुछ किसान

कुछ ग्रामीण अइसनो बानें, जेनके जमीन के केहू दुसरे के भुगतान कs दिहल गइल। साथही किसान कई लोग के ज्यादा मुआवजा मिलले के शिकायत भी कइले रहे। कुछ किसान हाईकोर्ट ले गइल रहनें। फिलहाल अधिकारियन के छह लाख रुपया के घपला होखले के जानकारी मिल गइल बा। अन्य किसानन के मुआवजा देहले के भी जांच कइल जा रहल बा।

मुआवजा वितरण पs लगवलें रोक

सूत्रन के कहना बा कि अधिकारी लोग कुछ किसानन के मुआवजा वितरण पर रोक भी लगा दीहले बानें। बतावल जाता कि चकबंदी अधिकारियन के कुछ भूमाफिया से भी साठगांठ होखले के जानकारी मिल रहल बा। गौर करे वाला बात बा कि गांव में वर्तमान समय में चकबंदी चल रहल बा। डीएम मनीष बंसल के कहनाम बा कि कुछ शिकायत के आधार पर जांच कमेटी गठित कइल गइल बा। रिपोर्ट मिलले के बादे पूरा स्थिति स्पष्ट होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]