Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

श्रीलंका वर्ल्ड कप खातिर क्वालिफाई कइलस: जिम्बाब्वे के 9 विकेट से हरवलस, 2 नवंबर के भारत से हो सकत बा मुकाबला

1,361

1996 के वर्ल्ड चैंपियन श्रीलंका भारत में होखे जा रहल वनडे वर्ल्ड कप खातिर क्वालिफाई कs लेले बा। टीम जिम्बाब्वे में चल रहल CWC क्वालिफायर में जिम्बाब्वे के 9 विकेट से हरवलस। एह जीत के बाद श्रीलंकाई टीम सुपर-6 पॉइंट्स टेबल के टॉप पs बिया। टीम के खाता में 8 अंक बा।

बुलावायो इस्थित क्वींस स्पोर्ट्स क्लब में सोमार के श्रीलंका टॉस जीतके फील्डिंग करे के फैसला लेलस। मेजबान जिम्बाब्वे पहिले बल्लेबाजी करत 165 रन बनवलस। 166 रन के टारगेट श्रीलंका 33.1 ओवर में एक विकेट पa 169 रन बनावत हासिल कs लेलस।

लगातार चार जीत से श्रीलंका टॉप पs 

ई CWC क्वालिफायर के सुपर-6 राउंड में श्रीलंका के लगातार चउथा जीत हs। एह जीत के बाद श्रीलंकाई टीम 8 अंकन के संगे टेबल के टॉप पs बिया। अइसन में अगिला मैच हार गइला के स्थितियो में लंकाई टीम के टॉप-2 पs रहल तय मानल जा रहल बा। अइसन में जिम्बाब्वे आ स्कॉटलैंड के बीच दूसरका कोटा के रेस बा।

फिलहाल, जिम्बाब्वे दूसरा नंबर पs बा। टीम के खाता में 4 मुकाबलन के बाद 6 अंक बा, जबकि स्कॉटलैंड 3 मैचन में 4 अंक लेके तीसरका नंबर पs बा। टीम के 2 गो मुकाबला आउर खेले के बा। वेस्टइंडीज आ ओमान वर्ल्ड कप के रेस से बाहर हो चुकल बा।

वर्ल्ड कप में पहुंच चुकल 9 टीम

1. न्यूजीलैंड 2. इंग्लैंड 3. भारत 4. ऑस्ट्रेलिया 5. पाकिस्तान 6. साउथ अफ्रीका 7. बांग्लादेश 8. अफगानिस्तान 9. श्रीलंका

वानखेड़े में 2 नंवबर के हो सकत बा भारत से मुकाबला

वर्तमान इस्थिति के अनुसार वर्ल्ड कप में श्रीलंकाई टीम के भारत से मुकाबला 2 नवंबर के वानखेड़े स्टेडियम में हो सकत बा। हालांकि फिक्स शेड्यूल क्वालिफायर समाप्त होखला के बादे तय होई।

महीश तीक्षणा झटकलें चार विकेट

एह जीत के सेहरा महीश तीक्षणा के माथे बंधल। ऊ 25 रन खर्च कs के 4 विकेट हासिल कइलें। तीक्षणा के अलावे दिलशान मधुशंका तीन विकेट झटकलें। जिम्बाब्वे के कप्तान सीन विलियम्स 56 रन के अर्धशतकीय पारी खेललें, जबकि सिकंदर रजा 31 रन के योगदान देलें। बाकी बल्लेबाज खास प्रदर्शन ना कर सकल लो।

श्रीलंकाई ओपनर पथुम निसंका नाबाद 101 रन के शतकीय पारी खेललें। ई निसंका के पहिला वनडे शतक हs।

पथुम निसंका जमवलें पहिला शतक

श्रीलंकाई ओपनर पथुम निसंका करियर के पहिला वनडे शतक जमवलें। ऊ 102 गेना पs 99.02 के स्ट्राइक रेट से नाबाद 101 रन बनवलें। निसंका के पारी में 14 चौका सामिल रहल। डी करुणारत्ने  30 आ कुसल मेंडिस नाबाद 25 रन के जोगदान दिहल लो।

584830cookie-checkश्रीलंका वर्ल्ड कप खातिर क्वालिफाई कइलस: जिम्बाब्वे के 9 विकेट से हरवलस, 2 नवंबर के भारत से हो सकत बा मुकाबला

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.