Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Team India Chief Selector: BCCI कइलस नया चीफ सेलेक्‍टर के घोषणा, Ajit Agarkar लेलें चेतन शर्मा के जगह

Ajit Agarkar appointed chairman of selection committee: भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड मंगर के घोषणा कइले बा कि पूर्व तेज गेंदबाज अजीत अगरकर के नया चीफ सेलेक्‍टर के पद पs नियुक्‍त कइल गइल बा। क्रिकेट सलाहकार समिति के तीनो सदस्‍य सर्वसम्‍मित से अजीत अगरकर के नाम पs मुहर लगवले बा लो। बीसीसीआई सोशल मीडिया के माध्यम से अगरकर के चयन समिति के चेयरमैन बनला के जानकारी देलस।

1,089

BCCI Chief Selector Ajit Agarkar: भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड मंगर के घोषणा कइले बा कि पूर्व तेज गेंदबाज अजीत अगरकर के नया चीफ सेलेक्‍टर के पद पs नियुक्‍त कइल गइल बा। क्रिकेट सलाहकार समिति के तीनो सदस्‍य सर्वसम्‍मित से अजीत अगरकर के नाम पs मुहर लगवले बा लो। बीसीसीआई (BCCI) सोशल मीडिया के माध्यम  से अगरकर के चयन समिति के चेयरमैन बनला के जानकारी देलस।

चेतन शर्मा के जगह Ajit Agarkar बनलें टीम इंडिया के नया सेलेक्टर

पूर्व तेज गेंदबाज अजीत अगरकर के टीम इंडिया के नया चीफ सेलेक्टर बनावल गइल बा। बीसीसीआई मंगर के रात के अजीत अगरकर के सेलेक्टर बनला के एलान कइलस। हालांकि, बोर्ड अगरकर के चीफ बनावे के तइयारी पहिलही कs लेले रहे। अजीत एह पद के रेस में सबसे आगे चलत रहले। कइयन दिनन से उनकर चीफ सेलेक्टर बने के अटकल लगावत जात रहे। ऊ पूर्व क्रिकेटर चेतन शर्मा के जगह लेले बाड़ें।

पिछला 5 महीनन से टीम इंडिया के चीफ सेलेक्टर के पद खाली रहे। चेतन शर्मा के बाद उनका जगह शिव सुंदर दास के इंटरिम सेलेक्टर बनावल गइल रहे।

Ajit Agarkar के क्रिकेट करियर

अगर बात करीं अजीत अगरकर के क्रिकेट करियर के तs कुल 26 टेस्ट मैच खेलत ऊ 571 रन बनवले बाड़ें आ 58 विकेट अपना नामे हासिल कइले बाड़ें। वनडे में कुल 191 मैच खेलत 1261 रन आ 288 विकेट चटकवलें आ टी-20 में खाली 4 मैच खेलते  15 रन आ 3 विकेट अपना नामे हासिल कइलें। अजीत साल 2000 में जिम्बाब्वे के खिलाफ वनडे में 21 गेना में सबसे तेज अर्धशतक जड़ले रहस। ऊ संगही 23 मैच खेलत सबसे तेज 50 वनडे विकेट चटकवले रहस।

एह वजह से चेतन शर्मा अपना पद से देले रहस इस्तीफा

दरअसल, टी-20 विश्व कप 2022 में भारतीय टीम के खराब प्रदर्शन के बाद से बीसीसीआई के चीफ सेलेक्टर चेतन शर्मा स्टिंग में टीम इंडिया के कइयन खिलाड़ियन के जिकिर कइले रहस। ऊ खिलाड़ियन के लेके विवादित बातो कहले रहस। ऊ स्टिंग ऑपरेशन में खिलाड़ियन के फिटनेस को लेके कइयन गो बड़ राज खोलले रहस। चेतन कहले रहस कि 80-85 प्रतिशत फिट होखला के बावजूद खिलाड़ी इंजेक्शन के इस्तेमाल करेला लो।

ऊ संगही विराट कोहली आ सौरव गांगुली के रिश्तन के लेके कहले रहस कि कोहली गांगुली के कप्तानी छिनला के दोषी मानले, बाकिर अइसन ना रहे। ऊ हार्दिक पांड्या के लेले कहले रहस कि ऊ कप्तानी खातिर घर पs हाजिरी लगावे आवत रहेलें आ रोहित शर्मा से फोन पs बहुत देर ले बात करेलें। अइसन में स्टिंग ऑपरेशन में फंसला के 48 घंटा बादे नेशनल चीफ सेलेक्टर के अपना पद से चेतन इस्तीफा दे देलें।

586740cookie-checkTeam India Chief Selector: BCCI कइलस नया चीफ सेलेक्‍टर के घोषणा, Ajit Agarkar लेलें चेतन शर्मा के जगह

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.