Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सपा नेता आजम खां अउरी अब्दुल्ला लवटवलें आपन सुरक्षा, विधायक के गनर भी लौटल

372
सपा नेता आजम खां अपने सुरक्षा में तैनात पुलिस कर्मियन के दिल्ली से वापस भेज दिहल गइल बा। उनके वाई श्रेणी के सुरक्षा प्राप्त बा अउरी उनके सुरक्षा में तीन गनर तैनात कइल गइल रहलें। उहें दूसरा ओर उनके पुत्र विधायक अब्दुल्ला आजम भी आपन गनर छोड़ दिहले बानें। काफी तलाश कइले के बाद भी अब्दुल्ला के पता नाइ चलले पर गनर वापस रामपुर आ गइल बा। अउरी उसके पुलिस लाइन में अपने आमद दर्ज करवलें बानें।
एएसपी डॉ. संसार सिंह के मुताबिक, सपा नेता आजम खां 23 सितंबर के दिल्ली के सर गंगाराम अस्पताल में भर्ती रहलें। उहां से उ अपने सुरक्षा कर्मियन के वापस भेज दिहल गइल बा। पुलिस के पता नाइ बा कि ऊ कहवा बानें।

एएसपी के मुताबिक अब्दुल्ला आजम भी 22 सितंबर के अपने गनर के छोड़ दिहलें बानें। पहिले गनर अपने विधायक के तलाश कइलें, उनके नाइ मिलले पर ऊ रामपुर पुलिस लाइन पहुंच गइलें। उ बतवलें कि आजम खां अउरी अब्दुल्ला आजम के सुरक्षा में तैनात पुलिस कर्मी पुलिस लाइन में आपन आमद दर्ज करा देहलें।

अब पुलिस के पता नाइ बा आजम खां अउरी अब्दुल्ला आजम कहां बानें। एएसपी कहलें कि अगर आजम खां अउरी अब्दुल्ला आजम अपने सुरक्षा वापस मंगिहें त उनके उपलब्ध करा देहल जाई।

342160cookie-checkसपा नेता आजम खां अउरी अब्दुल्ला लवटवलें आपन सुरक्षा, विधायक के गनर भी लौटल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.