[the_ad_group id="30365"]

राजस्थान में कांग्रेस में मचल बा घमासान: गहलोत खेमा तीन शर्त पर अड़ल, माकन बोललें- ई हवे अनुशासनहीनता, होई कार्रवाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राजस्थान कांग्रेस में जारी सियासी घमासान के बीच गहलोत खेमा के इस्तीफा पर कांग्रेस नेतृत्व नाराजगी जतवले बा। कांग्रेस के वरिष्ठ नेता अजय माकन कहलें कि विधायकन के विधायक दल के बैठक में नाइ आइल अनुशासनहीनता ह। एके ले के कार्रवाई हो सकsता।

अजय माकन कहलें ‘विधायकों के विधायक दल के बइठक में न आइल अउरी अलग बइठक कइल अनुशासनहीनता ह, ई विधायक हमनी के एक्को बात नाइ सुनत रहलें, हमनी के वापस जा के सोनिया गांधी के रिपोर्ट दीहें।

केतना विधायकन के इस्तीफा साफ नाइ

माकन कहलें कि हम दिल्ली जा रहल बानें। हमनी के उम्मीद बा, कि हमनी के बात कइल जाई अउर हल निकलिहें। माकन कहलें कि प्राथमिक दृष्टि से शांति धारीवाल के घर पर भइल मीटिंग एगो अनुशासनहीनता ह। ई अनुशासनहीनता के श्रेणी में आवsला।
माकन से कहलें कि ई साफ नाइ बा कि केतना विधायक इस्तीफा दीहें। रिजोल्यूशन एगो लाइन के होला। उ कहलें कि काल्ह जौन घटनाक्रम भइल, ओकर पूरा ब्योरा सोनिया गांधी के दीहें। हमनी के विधायकन से वन टू वन बातचीत खातिर आइल रहनी, लेकिन हमनी के केहू से बात नाइ हो पावsला। मुख्यमंत्री पद पर अभिन ले कौनो फैसला नाइ आइल बा।
https://twitter.com/ANI/status/1574274835470905344?t=CIwXbRI28dObjvzGaQw_Dw&s=19

बता देई, माकन अउरी वरिष्ठ कांग्रेस नेता मल्लिकार्जुन खड़गे पार्टी के राष्ट्रीय पर्यवेक्षकन के रूप में जयपुर पहुंचल रहलें। अतवार के उ नया सीएम के चयन खातिर कांग्रेस विधायकन के राय जाने खातिर बैठक करे वाला बानें, लेकिन गहलोत समर्थक विधायक बैठक में नाइ पहुंचलें। एही बीच खबर आइल कि 92 विधायक इस्तीफा स्पीकर सीपी जोशी के सौंप दिहलें बानें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]