सिद्धार्थनगर: सीएम योगी कइने संचारी रोग नियंत्रण पखवारा के शुभारंभ

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 2, 2022

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ शनिवार के सिद्धार्थनगर जिला में विशेष संचारी रोग नियंत्रण पखवारा के शुभारंभ कइने। दूसरका बेरर मुख्यमंत्री बनले के बाद ऊ सबसे पहिले सिद्धार्थनगर में अइने। एह कारण जनता अउर भाजपा कारकर्ता में

Share

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ शनिवार के सिद्धार्थनगर जिला में विशेष संचारी रोग नियंत्रण पखवारा के शुभारंभ कइने। दूसरका बेरर मुख्यमंत्री बनले के बाद ऊ सबसे पहिले सिद्धार्थनगर में अइने। एह कारण जनता अउर भाजपा कारकर्ता में बहुत उत्साह दिखल। सीएम योगी कहने कि प्रदेश के जनता अगर स्वस्थ रही, तब्बे प्रदेश आगे बढ़ी। कहने कि कौनो ग्रामीण सरकारी योजना से वंचित नाइ रहियें। ओनके अप्रैल माह में तीन बेर सरकारी राशन मिलल।

ऊ कहने कि गरीब के योजना के लाभ देहल सरकार के काम बा। सरकार एमें पीछे नाइ बा। सरकार हर गरीब के आवास आदि योजना के लाभ दे रहल बा। विपक्ष के लोग सरकार के बदनाम कइले के साजिश कs रहल बाने|

संचारी रोग नियंत्रण खातिर कार करी 12 विभाग

विशेष संचारी रोग नियंत्रण कारक्रम में कार करे वाले 12 विभाग में तैयारी कइल गइल बा। एह पखवारे के अंतर्गत मच्छरजनित अउर जलजनित बीमारियन के रोकथाम के उपाय कइल जाई। कार्यक्रम स्थल पर 30 स्टॉल लगावल गइल बा, जेके सीएम योगी बारी-बारी देखिहें। एह पखवारा में स्वास्थ्य विभाग, पशुपालन विभाग, पंचायतीराज विभाग, नगर विकास विभाग, बाल विकास एवं पुष्टाहार विभाग, दिव्यांगजन सशक्तीकरण, बेसिक शिक्षा विभाग, कृषि विभाग, सूचना एवं प्रसारण विभाग, चिकित्सा शिक्षा विभाग अउर उद्यान विभाग के माध्यम से कार कइल जाई। सीएमओ डॉ. एके चौधरी बतवने कि विशेष संचारी रोग नियंत्रण पखवारा में 12 विभाग के कार सौंपल गइल बा।

सीएम योगी के संगे स्वास्थ्य विभाग के अपर मुख्य सचिव अमित मोहन प्रसाद, सांसद जगदंबिका पाल, पूर्व राज्य मंत्री सतीश द्विवेदी, शिक्षक विधायक ध्रुव कुमार त्रिपाठी, विधायक श्याम धनी राही, पूर्व विधायक राघवेंद्र प्रताप सिंह, जिलाध्यक्ष गोविंद माधव मौजूद रहनें।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.