रघुनाथपुर में राशन उपभोक्ता के लूट रहल बा डीलर लो

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 2, 2022

रघुनाथपुर में राशन उपभोक्ता के लूट रहल बा डीलर लो पंचायत के सत्ता बदलते फ्री आला राशनो में एक किलो के कटौती सुरू, प्रति यूनिट 2 किलो के लूट। उपभोक्ता के शिकायत पs प्रखंड आपूर्ति

Share

रघुनाथपुर में राशन उपभोक्ता के लूट रहल बा डीलर लो

पंचायत के सत्ता बदलते फ्री आला राशनो में एक किलो के कटौती सुरू, प्रति यूनिट 2 किलो के लूट।

उपभोक्ता के शिकायत पs प्रखंड आपूर्ति पदाधिकारी जांच कs के एफआईआर करे के कहले

बिहार सहित रघुनाथपुर में राशन उपभोक्ता के पीडीएस दुकानदार दिनदहाड़े लूट रहल बा लो। एक यूनिट/प्रति व्यक्ति 5 किलो अनाज के बजाय 4 किलो देहल आ 1 रुपिया प्रतिकिलो ज्यादे लूटे के सर्टिफिकेट तs लेइये चुकल बा।

बाकिर पंचायत के सत्ता बदलते रघुनाथपुर प्रखंड के खुंझवा पंचायत अंतर्गत अमवारी गांव निवासी डीलर जगदेव राम के दबंगई के आलम ई बा कि भारत सरकार द्वारा दिहल जा रहल फ्री आला राशन में एक किलो के कटौती सुरू कs देले बाड़े, माने प्रति यूनिट 10 किलो के बजाय 8 किलो दे रहल बाड़े। पूछला पs  उपभोक्ता पुष्कर उपाध्याय अमवारी निवासी के डीलर जगदेव राम कहत बाड़े कि एतने मिली, लेवे के बा तs लs। जहां शिकायत करे के बा तs कs लs कवनो फरक ना पड़ेला। दबल जुबान लोग बतावत बा कि पंचायत के सभे डीलरन पs मुखिया आ उपप्रमुख के छत्र छाया बा। तबे अइसन भाषा निकलत बा।

रघुनाथपुर प्रखंड विकास पदाधिकारी के निर्देश पs बनल वाट्सप ग्रुप “जनहित में रघुनाथपुर” में शिकायत के संज्ञान लेत प्रखंड आपूर्ति पदाधिकारी रवि कुमार एह ममिला के जांच कs के दोषी डीलर पs प्राथमिकी दरज करे के बात कहले बाड़े। मालूम होखे कि प्रतियूनिट 2 रुपया किलो गेंहू आ 3 रुपया किलो चावल टोटल 5 किलो देवे के बा। सभे पीडीएस दुकानदार के अपना दुकान भोर के 8 बजे से दुपहर 2 बजे ले  दुकान के खोल के राखे के बा। ग्राहक अपना सुविधा से डीलर के लगे राशन लेवे जाई ना तs डीलर के  सुविधा से ग्राहक राशन ली। बाकिर अइसन कवनो प्रखण्ड में कवनो दुकान पs अइसन सुविधा ना मिलेला। एकरा बादो भारत महान बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.