भारत-नेपाल के बीचे ट्रेन सेवा शुरू, PM मोदी अउर PM देउबा रिमोट दबाके जयनगर से ट्रेन कइने रवाना

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 2, 2022

आठ बरिस के बाद भारत-नेपाल के बीचे रेल सेवा आज से शुरू हो गइल। एरे संगही आज के तारीख दूनो देशों के इतिहास के पन्ना में स्वर्ण अक्षर में दर्ज हो गइल। पीएम नरेंद्र मोदी

Share

आठ बरिस के बाद भारत-नेपाल के बीचे रेल सेवा आज से शुरू हो गइल। एरे संगही आज के तारीख दूनो देशों के इतिहास के पन्ना में स्वर्ण अक्षर में दर्ज हो गइल। पीएम नरेंद्र मोदी अउर नेपाल के पीएम शेर बहादुर देउबा दिल्ली के बादराबाद हाउस से रिमोट दबाके ट्रेन के रवाना कइने। अइसे पूर्व दूनो देश के प्रधानमंत्री बइठको कइने। ए दौरान दूनो देश के प्रतिनिधिमंडल के बीचे बातचीत भइल। हालांकि, यात्रियन खातिर रेल सेवा कल यानी 3 अप्रैल से शुरू होई।

रेल सेवा के शुभांरभ खातिर जयनगर कुर्था भाया जनकपुर (34.9 किमी) रेलखंड पर स्थित सब स्टेशन अउर हॉल्ट सजधज के तैयार बा। स्थानीय अउर नेपाली नागरिक उदघाट्न के पल के बेसब्री से इंतजार कS रहल बाने। रेल के परिचालन शुरू होइते नैरो गेज पर ट्रेन वाली स्थिति में बदलाव आ जाई। ट्रेन परिचालन शुरू होइते व्यापारी रिश्ता दूनो देश के बीचे मजबूत होई। समस्तीपुर DRM आलोक अग्रवाल बतवने कि उद्घाटन के लेके पूरी तैयारी क लेहल गइल बा।

मात्र 12.50 रुपए में पहुंच सकब नेपाल

भारत से नेपाल गइले खातिर अब महज 12.50 रुपया लागी। जयनगर से इनर्वा गइले के किराया 12.50 रुपए, खजुरी गइले खातिर 15.60 रुपए, महिनाथपुर गइले खातिर 21.87 रुपया, वैदेही गइले खातिर 28.125 रुपया, परवाहा गइले खातिर 34 रुपया अउर जनकपुर गइले खातिर 43.75 रुपए अउर कुर्था गइले खातिर 56.25 रुपए लागी।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.