[the_ad_group id="30365"]

श्रीलंका में आर्थिक संकट में फेर मदददार बनके आइल भारत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गंभीर आर्थिक संकट से जूझ रहल श्रीलंका के भारत लगातार मदद पहुंचा रहल बा। भारत क्रेडिट लाइन के तहत दुसरका बेर श्रीलंका के फ्यूल क्राइसिस से निपटे खातिर डीजल अउर पेट्रोल सप्लाई कइले बा। मंगलवार अउर बुधवार के भारत से 36 हजार मीट्रिक टन पेट्रोल अउर 40 हजार मीट्रिक टन डीजल श्रीलंका पहुंचल। भारत एसे पहिलहू 2.70 लाख मीट्रिक टन फ्यूल श्रीलंका भेज चुकल बा।

श्रीलंका के डूबत अर्थव्यवस्था के सम्हारे खातिर भारत 1 बिलियन अमरीकी डॉलर के कर्जा देहले के  ऐलानो कइले बा। एह बीच गोटबाया सरकार के लगातार जनता के विरोध झेले के पड़ रहल बा। बुधवार के श्रीलंका में यूनिवर्सिटी के प्रोफेसर लोग सरकार के खिलाफ प्रदर्शन कइल।

श्रीलंका दवाइयन खातिर भारत के शुक्रिया कहलस

एन्ने, श्रीलंका में जरूरी दवाई के कमी हो गइल बा। इके देख के भारत पड़ोसी देश के जरूरी दवाई भेजल बा। नेशनल आई हॉस्पिटल कोलंबो के निदेशक डॉ दममिका बतवने कि, हमनीके अधिकतर दवाई LOC (लाइन ऑफ क्रेडिट) के तहत भारत से आ रहल बा, ई हमनी खातिर एगो बड़ मदद बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]