[the_ad_group id="30365"]

गौरैया चिड़ियन के बचावे खातिर घर-घर जल पात्र वितरण के संकल्प

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पिपरौली-गीडा (दीपक त्रिपाठी): भाजपा नेता अजय सिंह गौतम के नेतृत्व में भाजपाइयन के एगो दल पिपरौली ब्लाक के वसुधा गांव में सनिचर के घरे-घरे जाके माटी के बरतनन के बांटल लो आ  गौरैया बचावे के संकल्प लिहल गइल।

बतावत चली कि गौरैया पक्षी जवन अब लुप्त होखे के कगार पs पहुंच चुकल बाड़ी सs। ओकरा के बचावे  ला सरकार प्रतिबद्ध बा आ तरे-तरे के योजना संचालित कइल जा रहल बा। एहि उद्देस्य से भाजपा प्रभारी अजय सिंह गौतम का नेतृत्व में भाजपाइयन के एगो दल पिपरौली के वसुधा गांव में माटी के बरतनन के घरे-घरे बांटल आ लोगन से कहल लो कि एह बरतनन में पानी राखके अपना छतन पs धरी। जवना से गौरैया पक्षी आपन पियास बुझा सके लो। संगही कहल लो कि लुप्तप्राय हो चुकल गौरैया पक्षी के बचावल समाज के सब लोगन के जिम्मेवारी हs। एकरा से पर्यावरण के संतुलन बनल रहेला। आधुनिकता के दौड़ में रेडिएशन के वजह से गौरैया पक्षी लुप्तप्राय हो चुकल बा। जवना खातिर सरकार लोगन के जागरूक करे के बीड़ा उठवले बिया।

एह अवसर पs छोटे लाल मौर्या, राम बुझारत पासी, हरी सिंह,धर्मराज गौंड, जनार्दन श्रीवास्तव, सुनील निगम, परमात्मा सिंह आदि लोग उपस्थित रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]