Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गौरैया चिड़ियन के बचावे खातिर घर-घर जल पात्र वितरण के संकल्प

253
सीवान इन्शुरेंस 720 90

पिपरौली-गीडा (दीपक त्रिपाठी): भाजपा नेता अजय सिंह गौतम के नेतृत्व में भाजपाइयन के एगो दल पिपरौली ब्लाक के वसुधा गांव में सनिचर के घरे-घरे जाके माटी के बरतनन के बांटल लो आ  गौरैया बचावे के संकल्प लिहल गइल।

बतावत चली कि गौरैया पक्षी जवन अब लुप्त होखे के कगार पs पहुंच चुकल बाड़ी सs। ओकरा के बचावे  ला सरकार प्रतिबद्ध बा आ तरे-तरे के योजना संचालित कइल जा रहल बा। एहि उद्देस्य से भाजपा प्रभारी अजय सिंह गौतम का नेतृत्व में भाजपाइयन के एगो दल पिपरौली के वसुधा गांव में माटी के बरतनन के घरे-घरे बांटल आ लोगन से कहल लो कि एह बरतनन में पानी राखके अपना छतन पs धरी। जवना से गौरैया पक्षी आपन पियास बुझा सके लो। संगही कहल लो कि लुप्तप्राय हो चुकल गौरैया पक्षी के बचावल समाज के सब लोगन के जिम्मेवारी हs। एकरा से पर्यावरण के संतुलन बनल रहेला। आधुनिकता के दौड़ में रेडिएशन के वजह से गौरैया पक्षी लुप्तप्राय हो चुकल बा। जवना खातिर सरकार लोगन के जागरूक करे के बीड़ा उठवले बिया।

Middle Yayawari

एह अवसर पs छोटे लाल मौर्या, राम बुझारत पासी, हरी सिंह,धर्मराज गौंड, जनार्दन श्रीवास्तव, सुनील निगम, परमात्मा सिंह आदि लोग उपस्थित रहल।

240100cookie-checkगौरैया चिड़ियन के बचावे खातिर घर-घर जल पात्र वितरण के संकल्प

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.