ग्राहक जागरुकता कैम्प के भइल आयोजन

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 3, 2022

हरपुर-नरहन: Save Solutions Pvt Ltd आ ग्राहक सेवा केंद्र हरपुर-नरहन के कावर से ग्राहक जागरूकता कैम्प के आयोजन कइल गइल। एमे लिंक शाखा भारतीय स्टेट बैंक शाखा प्रबन्धक प्रकाश कुमार आ Save Solutions के जिला

Share

हरपुर-नरहन: Save Solutions Pvt Ltd आ ग्राहक सेवा केंद्र हरपुर-नरहन के कावर से ग्राहक जागरूकता कैम्प के आयोजन कइल गइल। एमे लिंक शाखा भारतीय स्टेट बैंक शाखा प्रबन्धक प्रकाश कुमार आ Save Solutions के जिला समन्वयक सैयद अफसर ईमाम आ सीएसपी संचालक मनीषा कुमारी, रीना देवी, उपसंचलक रवि कुमार आ हैप्पी कुमार मवजूद रह लो। एमे SBI के ग्राहकन के धोखाधड़ी आ फर्जीवाड़ा से बांचे के उपाय बतावल गइल। संगही सरकार द्वारा चलावल जा रहल योजना के बारें में बतावल गइल। आज कल फोन कs के लोगन के लूटल जा रहल बा लालच आ प्रलोभन देके। एकरा से कइसे कइसे बांचल जाव एपर विशेष चरचा भइल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.