Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मैनपुरी में शानदार जीत के सूत्रधार शिवपाल कइलें प्रसपा के सपा में विलय

397

मैनपुरी लोकसभा सीट पर जीत से उत्साहित शिवपाल सिंह यादव आपन प्रगतिशील समाजवादी पार्टी के सपा में विलय कर दिहलें। मैनपुरी उपचुनाव में सपा प्रत्याशी डिंपल यादव ऐतिहासिक जीत दर्ज कइले बाड़ी।

प्रसपा के सपा में विलय करे के घोषणा पर शिवपाल कहलें कि हमरे गाड़ी में अब सपा के झंडा रही। हमके सही समय के इंतजार रहल। परिवार अउर जनता के मांग अब पूरा हो गइल। ऊ कहनें कि मैनपुरी उपचुनाव में सपा के जीत भाजपा खातिर कड़ा सनेसा बा।

शिवपाल सिंह यादव मैनपुरी में डिंपल यादव के जीत के सूत्रधार रहल बानें। ऊ कई सभा कइलें अउर बहू डिंपल के जितवले खातिर जनता से अपील कइले रहनें। डिंपल यादव दू लाख से भी बेसी ओट से जीत दर्ज कइले बाड़ी। डिंपल यादव खातिर समर्थन मांगे खातिर अखिलेश यादव खुद शिवपाल के लग्गे गइल रहनें।

मैनपुरी सीट पर भइल जीत सपाई लोग उत्साह से भर दिहले बा। भाजपा एह सीट पs रघुराज सिंह शाक्य के उतरले रहे। लेकिन उनके करारी हार नसीब भइल।

404620cookie-checkमैनपुरी में शानदार जीत के सूत्रधार शिवपाल कइलें प्रसपा के सपा में विलय

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.