Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

हिमाचल में 11 में से नौ मंत्री हार के ओर, सीएम के अलावा खाली ऊर्जा मंत्री बचा पवलें आपन लाज

384
हिमाचल प्रदेश विधानसभा चुनाव में एह बेर बड़ा उलटफेर होत दिखाई दे रहल बा। इहां मुख्यमंत्री जयराम ठाकुर के प्रतिष्ठा दांव पर लागल बा। अभिन ले सोझे आइल रुझान अउर नतीजा में जयराम कैबिनेट के मंत्रियन के हालत खराब बा। छह मंत्री अभीनो अपनिये सीट पर पीछे बानें जबकि तीन मंत्री हार गइल बानें।
हालांकि, मुख्यमंत्री जयराम ठाकुर सेराज सीट से बढ़त बनवले बानें। लाहौल स्पीति में कांग्रेस के रवि ठाकुर जीत गइल बानें। ऊ तकनीकी शिक्षा मंत्री रामलाल मरकाण्डा के हरा दिहले बानें। मंत्री सुरेश भारद्वाजो आपन सीट हार गइल बानें।जयराम कैबिनेट में सामाजिक न्याय अउर अधिकारिता मंत्रालय के जिम्मेदारी संभाल रहल सरवीन एह चुनाव में हार गइली। उद्योग मंत्री बिक्रम सिंह पहिले आगे चलत रहनें लेकिन उहो अब अपने सीट से पीछे चल रहल बानें।
बता देईं, विधानसभा चुनाव में एह बेर सूबे के 68 सीट पर कुल 412 प्रत्याशी मैदान मे रहनें। एह प्रत्याशियन में जयराम कैबिनेट के 11 मंत्री चुनाव लड़ल रहनें। आई जानल जाव सीएम जयराम ठाकुर समेत कैबिनेट मंत्रियन के सीट के हाल….
सीट मंत्री मंत्रालय आगे/पीछे
सेराज जयराम ठाकुर मुख्यमंत्री आगे
कसुम्पटी सुरेश भारद्वाज शहरी विकास हार
मनाली गोविन्द सिंह शिक्षा मंत्री पीछे
शाहपुर सरवीन चौधरी सामाजिक न्याय एवं अधिकारिता हार
लाहौल स्पीति राम लाल मारकंडा प्राविधिक शिक्षा हार
कुटलैहड़ वीरेंद्र कंवर ग्रामीण विकास एवं पंचायती राज पीछे
भट्टियात बिक्रम सिंह उद्योग पीछे
कसौली राजीव सैजल स्वास्थ्य पीछे
पावंटा साहिब सुखराम चौधरी एमपीपी और ऊर्जा जीत
फतेहपुर राकेश पठानिया वन पीछे
घुमारवीं राजिंदर गर्ग खाद्य, नागरिक आपूर्ति और उपभोक्ता मामले पीछे
404780cookie-checkहिमाचल में 11 में से नौ मंत्री हार के ओर, सीएम के अलावा खाली ऊर्जा मंत्री बचा पवलें आपन लाज

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.