Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मानसून सत्र: राज्यसभा में राकांपा-कांग्रेस दिहलस स्थगन प्रस्ताव, राज्यपाल पर महाराष्ट्र के अपमान के आरोप

231

संसद के मानसून सत्र के दूसरे दिन आजु राज्यसभा में राकांपा अउर कांग्रेस काम रोको प्रस्ताव के नोटिस दिहले बा। राकांपा अउर कांग्रेस महाराष्ट्र के राज्यपाल भगत सिंह कोशियारी पर महाराष्ट्र के लोग के अपमान के आरोप लगावत सदन में कामकाज रोक के एह पर चर्चा करावे के मांग कइले बा।

राकांपा सांसद वंदना चव्हाण नियम 267 के तहत राज्यसभा में काम रोको प्रस्ताव के नोटिस दिहले बानें। एहमें मांग कइल गइल बा कि न खाली महाराष्ट्र बलुक देश के सम्मानित अउर प्रतिष्ठित नेता लोग के खिलाफ अपमानजनक टिप्पणी कइल जा रहल बा, एहसे राज्य के लोग अपमानित हो रहल बानें। ऊ राज्यपाल पर महाराष्ट्र के नायकन के अपमान के आरोप लगवलें।

ओंने, कांग्रेस सांसद रजनी पाटिलो राज्यसभा में नियम 267 के तहत अइसने नोटिस दिहले बाड़ी। उ कहली कि राज्यपाल भगत सिंह कोश्यारी के छत्रपति शिवाजी महाराज पर टिप्पणी पs चर्चा करावल जाय।

404420cookie-checkमानसून सत्र: राज्यसभा में राकांपा-कांग्रेस दिहलस स्थगन प्रस्ताव, राज्यपाल पर महाराष्ट्र के अपमान के आरोप

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.