Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सतीश कौशिक के मौत : अभिनेता सतीश कौशिक के निधन हो गइल, 66 साल के उमिर में आखिरी साँस लिहलन

होली के अगिला दिने सबेरे बॉलीवुड से बहुते दुखद खबर सामने आइल बा| चर्चित अभिनेता आ निर्देशक सतीश कौशिक के गुरुवार के सबेरे निधन हो गईल।   

279

सतीश कौशिक के मौत : अभिनेता सतीश कौशिक के निधन हो गइल, 66 साल के उमिर में आखिरी साँस लिहलन

होली के अगिला दिने सबेरे बॉलीवुड से बहुते दुखद खबर सामने आइल बा| चर्चित अभिनेता आ निर्देशक सतीश कौशिक के गुरुवार के सबेरे निधन हो गईल।

सतीश कौशिक के श्रद्धांजलि देत अनुपम खेर ट्वीट कईले कि, “हम जानतानी कि ‘मौत ए दुनिया के अंतिम सच्चाई ह!’ लेकिन हम अपना सपना में कबहूँ ना सोचले रहनी कि हम अपना सबसे निमन दोस्त सतीश कौशिक के बारे में जिंदा रहत लिखब।” 45 साल के दोस्ती पे अचानक पूर्णविराम! ओम् शांति!अनिल कपूर के फिल्म मिस्टर इंडिया से सतीश कौशिक के फिलिमन में पहचान मिलल|

 

जनम हरियाणा के महेन्द्रगढ़ में भइल रहे

सतीश कौशिक के भारतीय सिनेमा में अभिनेता, निर्देशक, निर्माता, हास्य कलाकार आ पटकथा लेखक के रूप में जानल जात रहे। बॉलीवुड में पहिला ब्रेक मिले से पहिले उ रंगमंच में अभिनय करत रहले। इनकर जनम 13 अप्रैल 1965 के हरियाणा के महेन्द्रगढ़ में भइल रहे।

 

 दिल्ली से शिक्षा के शुरुआत भइल

सतीश कौशिक आपन शुरुआती शिक्षा कैरोल बाग, दिल्ली से कइले। एकरा बाद उ दिल्ली विश्वविद्यालय के कोरेमल कॉलेज से स्नातक कईले। ओकरा बाद ऊ नेशनल स्कूल ऑफ ड्रामा में दाखिला लिहले. साल 1978 में इहाँ से निकलला के बाद उहाँ के फिल्म एंड टेलिविजन इंस्टीट्यूट ऑफ इंडिया में दाखिला लेहले।

 

मिस्टर इंडिया के कैलेंडर से मिलल पहचान

सतीश कौशिक के 1987 के फिल्म मिस्टर इंडिया से फिल्म अभिनेता के रूप में पहचान मिलल। एकरा बाद 1997 में दीवाना मस्ताना में पप्पू पेजर के किरदार में आपन बेहतरीन अभिनय से दर्शकन के दिल जीत लिहलन.| एकरा अलावे सतीश कौशिक के साल 1990 में फिल्म राम लखन आ 1997 में साजन चले ससुराल खातिर सर्वश्रेष्ठ हास्य अभिनेता के फिल्मफेयर अवार्ड भी मिलल। अभिनय के क्षेत्र में सतीश कौशिक अपना बेहतरीन कॉमिक टाइमिंग खातिर जानल जात रहले|

 

477500cookie-checkसतीश कौशिक के मौत : अभिनेता सतीश कौशिक के निधन हो गइल, 66 साल के उमिर में आखिरी साँस लिहलन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.