Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

रूस के चेतावनी : ‘हमनी के अस्तित्व पs मंडराइल खतरा त कइल जाई पsमाणु हथियार के इस्तेमाल

क्रेमलिन के प्रवक्ता दिमित्री पेसकोव कहनें कि यूक्रेन युद्ध के दौरान रूस पsमाणु हथियार के इस्तेमाल तब्बे करी जब ओकरे अस्तित्व खातिर खतरा मेंडराए लागी। 

130
सीवान इन्शुरेंस 720 90

रूस अउर यूक्रेन के बीच बीतल 8 दिन से जारी जंग खतरनाक दौर में प्रवेश करत जा रहल बा। एके रोकले में अब ले के हर प्रयास नाकाफी सिद्ध हो रहल बा। न यूक्रेन के राष्ट्रपति व्लादिमीर जेलेंस्की रूस के सामने समर्पण करे के तैयार बाने न राष्ट्रपति व्लादिमीर पुतिन जंग रोके के। अब रूस चेतावनी देहले बा कि अगर उनके अस्तित्व पs संकट मेंडराइल त ऊ पsमाणु हथियार के इस्तेमाल कइले से पीछे नाइ हटिहें।

रूसी राष्ट्रपति पुतिन के कार्यालय क्रेमलिन के प्रवक्ता दिमित्री पेसकोव मंगलवार के सीएनएन इंटरनेशनल से कहनें कि यूक्रेन युद्ध के दौरान रूस पsमाणु हथियार के इस्तेमाल तब्बे करी जब उनके अस्तित्व खातिर खतरा मेंडराए लागी। पेसकोव कहनें कि घरेलू सुरक्षा खातिर हमनी के एगो व्यवस्था बा। एमें पsमाणु हथियार के इस्तेमाल के नियम तय बा। ई नियम केहू पढ़ सकत बा। एमें तय बा कि अगर हमनी के देश के अस्तित्व पs संकट होई त नियमानुसार पsमाणु हथियार का इस्तेमाल कइल जा सकsता।

 

Middle Yayawari
229940cookie-checkरूस के चेतावनी : ‘हमनी के अस्तित्व पs मंडराइल खतरा त कइल जाई पsमाणु हथियार के इस्तेमाल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.