साँझ के 10 गो बड़ खबर

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 23, 2022

हैदराबाद में हादसा, बिहार में मातम। बिहार के 11 गो मज़दूरन के भइल मौत- खाली छपरा से 8 लोग, पसरल बा घनघोर सन्नाटा। बिहार NDA से मुकेश सहनी आउट, मंत्री के कुरसी पs बनल रहल

Share

  1. हैदराबाद में हादसा, बिहार में मातम। बिहार के 11 गो मज़दूरन के भइल मौत- खाली छपरा से 8 लोग, पसरल बा घनघोर सन्नाटा।
  2. बिहार NDA से मुकेश सहनी आउट, मंत्री के कुरसी पs बनल रहल भइल मुसकिल। पार्टी के तीनों विधायक राज्यपाल से मिलल लो।
  3. शहीद दिवस के अवसर पs भगत सिंह, सुखदेव आ राजगुरु के प्रधानमंत्री देनी श्रद्धांजली।
  4. कांग्रेस के विकल्प बनिहे केजरीवाल: 4 राज्य में जीत ला दिग्गज नेता लो के ड्यूटी। आईआईटी के प्रोफेसर के बीजेपी के किला ढाहे के जिम्मेदारी।
  5. बीरभूम हिंसा: ममता के राज्यपाल पs फेर हमला, बोलली- बंगाल के खिलाफ बयान देत बाड़े लाट साहेब।
  6. रूस-यूक्रेन युद्ध: अमेरिका बोलल- यूक्रेन में रूस के मकसद पूरा ना भइल, रूस देलस जबाब- सब कुछ हमरा प्लान के मोताबिक चल रहल बा।
  7. नंबर 1 टेनिस खेलाड़ी ऍशले बारटी के अजीब फसीला, चार साल में 3 ग्रैंड स्लैम जीते आला बार्टी के टेनिस से सन्यास।
  8. फूटबाल: भारत आ बहरीन के बीचे दोस्ताना मैच आज, भारत जीत के संगे इतिहास बदले के करी  उम्मीद।
  9. आईपीएल: रवि शास्त्री के बड़ बयान- बोलले आईपीएल से मिली भविष्य के कप्तान। पंत, अय्यर आ राहुल दावेदार।
  10. आईपीएल: फिंच शुरुआती 5 मैच से बाहर। केकेआर के लागल झटका। पाकिस्तान दौरा के बाद होइहे टीम में शामिल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.