KGF Chapter 2: दर्शक खातिर गेम सीरीज के रूप में आई ‘KGFverse’

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 31, 2022

साउथ सुपरस्टार यश स्टार फिल्म केजीएफ चैप्टर 2 के ट्रेलर रिलीज होखले के संगही दर्शक बेसब्री से एह फिल्म के इंतजार कs रहल बाने। ई फिल्म 2018 में फिल्म केजीएफ के दूसरा भाग बा। रिलीज

Share

साउथ सुपरस्टार यश स्टार फिल्म केजीएफ चैप्टर 2 के ट्रेलर रिलीज होखले के संगही दर्शक बेसब्री से एह फिल्म के इंतजार कs रहल बाने। ई फिल्म 2018 में फिल्म केजीएफ के दूसरा भाग बा। रिलीज से पहिलही ई फिल्म दर्शक के बीच काफी लोकप्रिय हो चुकल बा। अइसे में फिल्म खातिर दर्शक के प्यार देख के फिल्म के मेकर्स एके एगो खास तरीके से प्रचारित कइले के फैसला कइने बाने। दरअसल लोग के केजीएफ की दुनिया से रूबरू करावे खातिर फिल्म मेटावर्स में एंट्री कर लेहले बा। मेकर्स एके केजीएफवर्स (KGFverse) के नाम देहले बाने।

फिल्म के लोकप्रियता के देखत मेकर्स फिल्म के एगो डिजिटल अवतार बनवले के फैसला कइले बाने। आवे वाले दिन में मेकर्स एहकी एगो गेम सीरीज ला रहल बाने। एह बारे में जानकारी देत होमेबल फिल्म्स सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म ट्विटर पs एक पोस्ट शेयर कइले बाने। यूजर्स एह मौका के फायदा 7 अप्रैल से उठा सकत बाने।

 

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.