[the_ad_group id="30365"]

रूस यूक्रेन युद्ध : रूस कइलस यूक्रेन के बड़का शहरन में सीजफायर के घोषणा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रूस अउर यूक्रेन के बीच युद्ध के आजु 11वां दिन ह। एह बीचे यूक्रेन के कई बड़हन शहर में रूसी बमबारी से नगदे नुकसान भइल बा। दू गो परमाणु ऊर्जा केंद्रनो पs रूस कब्जा कs लेहले बा। एकरे अलावा पोर्ट सिटी मारियुपोल अउर दक्षिणी यूक्रेन में दूनो देश आम नागरिकन के सुरक्षित निकरले खातिर सीजफायर के फैसला कइले रहनें जौन कि सफल नाइ हो पवले रहे। दूनों देश एक दूसरा पs सीजफायर तुड़ले के आरोप लगा रहल बा अउर एही चलते लोग के सुरक्षित निकलले में परसानी हो रहल बा। जेलेंस्की नाटो से अपील कइले रहनें कि यूक्रेन के नो फ्लाई जोन घोषित कइल जाए लेकिन यूरोपीय यूनियन के कहनाम बा कि अगर अइसन फैसला कइल गइल त विश्व युद्ध छिड़ सकsला।

 

साभार – हिन्दुस्तान 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]