भजन आउर कीर्तन के संघे मनल स्व० बृज किशोरी देवी जी के तीसरका पुण्यतिथि

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 6, 2022

Chauri Chaura/ Gorakhapur: आज गोरखपुर से संचालित ईश्वर बृज फाउंडेशन के प्रेरणा के पुंज स्व० बृज किशोरी देवी जी के तीसरका पुण्यतिथि हs। आजे का दिने 06 मार्च 2019 के उहाँ के आपन देह के

Share

Chauri Chaura/ Gorakhapur: आज गोरखपुर से संचालित ईश्वर बृज फाउंडेशन के प्रेरणा के पुंज स्व० बृज किशोरी देवी जी के तीसरका पुण्यतिथि हs। आजे का दिने 06 मार्च 2019 के उहाँ के आपन देह के त्याग कs के स्वर्ग सिधरले रहीं। उहाँ के जनम 01 मई 1932 के भइल रहे।

 

भजन आउर कीर्तन के संगे मनावल गइल पुण्यतिथि…

आज स्व० बृज किशोरी देवी जी के पुण्यतिथि पs उहाँ के जोगदान के इयाद करत भजन अउर कीर्तन के आयोजन भइल। उहाँ के स्व० ईश्र्वर मणि त्रिपाठी जी के धरम-पत्नी रहनी आ समाज के उत्थान ला हरमेसा आगा रहत रहनी आ लोगन के समाज सेवा ला प्रेरित करत रहनी।

 

ईश्वर बृज फाउंडेशन ट्रस्ट के प्रेरणा के स्त्रोत बानी स्व० बृज किशोरी देवी जी

गोरखपुर से भोजपुरी भाषा के विकास आ ओकरा के समृद्ध करे ला समर्पित संगठन “ईश्वर बृज फाउंडेशन” के संकल्पना आ स्थापना के स्त्रोत में राउर अहम जगे बा। मालूम होखे कि भोजपुरी के पहिला स्टोरी टेलिंग ऐप “यायावरी वाया भोजपुरी” के संचालन ईश्वर बृज फाउंडेशन के तत्वाधान में होखेला। T

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.