Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

राजस्थान में भाजपा के बड़ घोषणा – पार्टी वसुंधरा नाइ, मोदी के चेहरा प चुनावी मैदान में उतरी

129

राजस्थान में भाजपा एगो बड़ घोषणा कइले बा| पार्टी अध्यक्ष सतीश पुनिया के कहे अनुसार पार्टी वसुंधरा ना मोदी के चेहरा प चुनावी मैदान में उतरी|

राजस्थान में अगिला साल होखे वाला विधानसभा चुनाव में पूर्व मुख्यमंत्री वसुंधरा राजे सिंधिया भाजपा के चेहरा ना होईहे। पार्टी प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के चेहरा प चुनावी मैदान में उतरी। राजस्थान में शनिचर का दिने पार्टी अध्यक्ष सतीश पुनिया ई जानकारी दिहले बाड़न. पार्टी में चलत गुटबाजी के देखत मोदी के चेहरा प चुनाव लड़े के घोषणा कईल गईल बा।

254670cookie-checkराजस्थान में भाजपा के बड़ घोषणा – पार्टी वसुंधरा नाइ, मोदी के चेहरा प चुनावी मैदान में उतरी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.