Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

ढ़ाला पर रोक देहलें ट्रेन, भइले सस्पेंड, जानीं का बा पूरा मामला

रेलवे सख्त हो गइल बा| बीच ढाला पर रोक देहल गइल ट्रेन, विडिओ भइल वायरल त भइल खुलासा

140
सीवान इन्शुरेंस 720 90

सोसल मीडिया पर आजकल एगो वीडियो वायरल हो रहल बा जेमें एगो लोको पायलट ट्रेन के फाटक के लग्गे रोक देता. एही टाइम एगो आदमी लोको पायलट के लग्गे पहुंचs ता अउर बतावल जाता कि ओ पैकिट में कचौड़ी रहल| वीडियो वायरल भइले के बाद रेलवे ए मामिला में शामिल 5 लोग के सस्पेंड क देहलस|

घटना राजस्थान के अलवर के एगो रेलवे फाटक के ह| एही बिच्चे केहू वीडियो बना लेहल अउर सोशल मीडिया पs डार देहल| अब ई वीडियो वायरल हो रहल बा| सोशल मीडिया पs कुछ लोग जहवाँ लोको पायलट के समर्थन में बा उहवें कुछ लोग एके गैरकानूनी बतावsता |

 

Middle Yayawari

ओन्ने वीडियो के सोशल मीडिया पs वायरल भइले के बाद उत्तर पश्चिम रेलवे  मामिले में सामिल लोग के खिलाफ अनुशासनात्मक कारवाही कइले बा. लोको पायलट, सहायक लोलोको पायलट, दो गेटमैन अउर एगो स्टेशन मास्टर सहीत्ते पांच लोगन के सस्पेंड क देहल गइल बा|

221400cookie-checkढ़ाला पर रोक देहलें ट्रेन, भइले सस्पेंड, जानीं का बा पूरा मामला

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.