Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

का बदल जाई हाजीपुर रेलवे स्टेशन के नाम? जानीं कवना नाम से जानल जाई…

एगो नेता के नाम पs होई स्टेशन के नाया नाम...

232
सीवान इन्शुरेंस 720 90

बिहार में रेल से जतरा करे वाला यात्रियन खातिर एगो बड़ आ जरूरी खबर निकल के सोझा आ रहल बा। पूर्व मध्य रेलवे (ECR) के मुख्यालय हाजीपुर रेलवे टीसन के नाम अब बहुते जल्दी बदल जाए वाला बा, एकर प्रक्रिया सुरू हो गइल बा।

जानकारी के मोताबिक , केंद्रीय खाद आ प्रसंस्करण मंतरी पशुपति कुमार पारस PM मोदी के तुलना भगवान से करत जिनगी भर NDA में रहे के बात कइले बाड़े।

चिराग से मिलला के सवाल पs देले जबाब 

केंद्रीय खाद आ प्रसंस्करण मंतरी पशुपति पारस जमुई सांसद आ दिवंगत रामविलास के बेटा आ आपन भतीजा चिराग पासवान से मिलला से जुड़ल सवाल के जबाब देत कहले कि कवनो आदमी ना बलुक समे बलवान होला। समे के इंतेजार कइल जाव। चिराग पासवान के सीख देत कहले कि जदि कवनो गलती ऊ कइले बाड़े तs ओकर पश्चाताप करस।

 

Middle Yayawari

हाजीपुर रेलवे स्टेशन के नाम बदलला के सवाल पs देले बड़ बयान 

एकरे बिछे हाजीपुर टीसन के नाम बदलला के लेके ऊ बहुते बड़ बात कह देले, ऊ कहले कि हाजीपुर जंक्शन के नाम बदल के रामविलास पासवान के नाम पs करे आ टीसन के बहरी रामविलास पासवान के आदम कद प्रतिमा लगावल जाये के एलान कइले। एह बात के घोसना ऊ सोमार के हाजीपुर परिसदन में एगो बात प्रेस वार्ता के घरी कहले।

 

 

220960cookie-checkका बदल जाई हाजीपुर रेलवे स्टेशन के नाम? जानीं कवना नाम से जानल जाई…

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.