[the_ad_group id="30365"]

का बदल जाई हाजीपुर रेलवे स्टेशन के नाम? जानीं कवना नाम से जानल जाई…

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार में रेल से जतरा करे वाला यात्रियन खातिर एगो बड़ आ जरूरी खबर निकल के सोझा आ रहल बा। पूर्व मध्य रेलवे (ECR) के मुख्यालय हाजीपुर रेलवे टीसन के नाम अब बहुते जल्दी बदल जाए वाला बा, एकर प्रक्रिया सुरू हो गइल बा।

जानकारी के मोताबिक , केंद्रीय खाद आ प्रसंस्करण मंतरी पशुपति कुमार पारस PM मोदी के तुलना भगवान से करत जिनगी भर NDA में रहे के बात कइले बाड़े।

चिराग से मिलला के सवाल पs देले जबाब 

केंद्रीय खाद आ प्रसंस्करण मंतरी पशुपति पारस जमुई सांसद आ दिवंगत रामविलास के बेटा आ आपन भतीजा चिराग पासवान से मिलला से जुड़ल सवाल के जबाब देत कहले कि कवनो आदमी ना बलुक समे बलवान होला। समे के इंतेजार कइल जाव। चिराग पासवान के सीख देत कहले कि जदि कवनो गलती ऊ कइले बाड़े तs ओकर पश्चाताप करस।

 

हाजीपुर रेलवे स्टेशन के नाम बदलला के सवाल पs देले बड़ बयान 

एकरे बिछे हाजीपुर टीसन के नाम बदलला के लेके ऊ बहुते बड़ बात कह देले, ऊ कहले कि हाजीपुर जंक्शन के नाम बदल के रामविलास पासवान के नाम पs करे आ टीसन के बहरी रामविलास पासवान के आदम कद प्रतिमा लगावल जाये के एलान कइले। एह बात के घोसना ऊ सोमार के हाजीपुर परिसदन में एगो बात प्रेस वार्ता के घरी कहले।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]