Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पंजाब पुलिस के मिलल बड़ कामयाबी, खालिस्तान समर्थक अमृतपाल के साथी पपलप्रीत गिरफ्तार

254

खालिस्तान के समर्थन कर रहल अमृतपाल सिंह के तलाश में जुटल पंजाब पुलिस के बड़ कामयाबी मिलल बा। अमृतपाल के करीबी सहजोगी पपलप्रीत सिंह के गिरफ्तार कइल गइल बा।पुलिस सोमार के ई जानकारी देलस। उ बतवलस कि पपलप्रीत के पंजाब पुलिस एगो अभियान में गिरफ्तार कइलस जेमे खुफिया ईकाइयो सामिल रहे।

पुलिस बतवलस कि पपलप्रीत के अमृतपाल के गुरु मानल जात बा आ ऊ कथित तौर पs पाकिस्तान के खुफिया एजेंसी आईएसआई के संपर्क में रहे। पंजाब पुलिस द्वारा खालिस्तान समर्थकन आ उनका सहयोगियन के खिलाफ 18 मार्च के सुरू कइल गइल कार्रवाई के दिन से अमृतपाल आ पपलप्रीत फरार रहे। गौर करे आला बात बा कि 18 मार्च के कट्टरपंथी उपदेशक जालंधर में वाहन आ हुलिया बदलके पुलिस के शिकंजा से बचके फरार होने में सफल रहे।

सहित अलग-अलग धारा में प्राथमिकी दर्ज कइल गइल 

अमृतपाल आ ओकर सहयोगियन के खिलाफ समुदायन में द्वेष पैदा करे हत्या के कोसिस, पुलिस कर्मियन पs हमला आ सरकारी अधिकारियन के कर्तव्य निर्वहन करे से रोकला सहित अलग-अलग धारा में प्राथमिकी दर्ज कइल गइल बा।

510330cookie-checkपंजाब पुलिस के मिलल बड़ कामयाबी, खालिस्तान समर्थक अमृतपाल के साथी पपलप्रीत गिरफ्तार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.