[the_ad_group id="30365"]

मुंबई में डिजिटल बस स्टॉप के सुरुआत, बस स्टॉप पs लाइब्रेरी आ सीसीटीवी जइसन सुविधा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Mumbai BEST Digital Bus Stop: मुंबई में हर दिन लाखन लोग बेस्ट बस (Mumbai BEST Bus) में यात्रा करेला आ अपना निर्धारित स्थानन तक पहुंचेला लो। मुंबई में बेस्ट बस के बसन से यात्रा करे के तरीका तेज के संगे-संगे किफायतियो बा। ओहिजा मुंबई में बेस्ट के बसन से लोगन के यात्रा के आरामदायक बनावे खातिर नया नया योजना ले आवल जात बा। यात्रियन के सुविधन के धेयान रखत मुंबई में वरली इलाकन में डिजिटल बस स्टॉप के सुरुआत कइल गइल बा।

बस स्टॉप पs लाइब्रेरी के सुविधा

बृहन्मुंबई इलेक्ट्रिक सप्लाई एंड ट्रांसपोर्ट (BEST) के एह बस स्टॉप पs आधुनिक सेवा के समावेश बा। वरली बस स्टॉप पs यात्रियन के सुविधा खातिर पुस्तकालय बनावल गइल बा। जहां ऊ लोग किताबन के पढ़ सकत बा। संगही बस स्टॉप पs सीसीटीवी कैमरा आ चार्जिंग पॉइंट के सुविधा दिहल गइल बा। एकरा अलावे बस स्टॉप पs महिला यात्रियन के सुरक्षा के खास धेयान दिहल गइल बा।

महिला लोगन के सुरक्षा के रखल गइल बा धेयान 

महिला लोग जदि बस स्टॉप पs सुरक्षित महसूस करत बा लो, ऊ सेफ्टी अलार्म के इस्तेमाल कs सकत बा लो। महिला लोगन के सुरक्षा खातिर बस स्टॉप पs गार्ड के रखल गइल बा। एकरा अलावे स्टॉप पs क्यूआर कोड लगावल गइल बा। यात्री एह क्यूआर कोड के इस्तेमाल कs के स्टॉप के अगल-बगल के लोकप्रिय स्थानन आ मवजूद शौचालयन के जानकारी पा सकत बा लो।

35 लाख में भइल बस स्टॉप के पुननिर्माण

नेशनल स्पोर्ट्स क्लब ऑफ इंडिया (एनएससीआई) एह बस स्टॉप के सानदार लुक देले बा। 35 लाख रुपिया के लागत से डिजिटल बस के पुनर्निर्मित कइल गइल बा। ओहिजा अब मुंबई के तकरीबन 3,000 बस स्टॉप के एही तरीका से आधुनिक बस स्टॉप में बदले के तइयारी हो रहल बा। अनुमान लगावल जा रहल बा कि एगो बस स्टॉप के पुनर्निर्माण में 20-35 लाख रुपिया के लागत लाग सकत बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]