Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

जन सूचना अधिकारी पs लागल 250 बच्चन के भोजन करावे के जुर्माना

127
सीवान इन्शुरेंस 720 90
स्कूल में भोजन करते बच्चे। (फाइल फोटो)
स्कूल में भोजन करत लईका सब। (फाइल फोटो)

 

राज्य सूचना आयुक्त अजय कुमार उप्रेती सूचना देला में देरी पs जन सूचना अधिकारी पs प्राथमिक विद्यालय के 250 बच्चन के भोजन करावे के जुर्माना लगवले बाड़े। ई जुर्माना गाजीपुर के एगो ममिला में लगावल गइल बा।

भूपेंद्र कुमार पांडेय के आरटीआई अर्जी पs सुनवाई करत जन सूचना अधिकारी पs सांकेतिक जुर्माना लगाके नाया आदेश पारित कइले। राज्य सूचना आयुक्त उप्रेती ग्राम विकास अधिकारी आ जनसूचना अधिकारी चंद्रिका प्रसाद के नूनरा (गाजीपुर) के प्राथमिक विद्यालय के 250 छात्रन के भोजन करावे के निरदेस देले।

चंद्रिका प्रसाद के 29 अप्रिल 2022 के मध्याह्न भोजन के समे छात्रन के खाना खियावे खातिर कहले। एकर वीडियो रिकॉर्डिंग करे आ एकरा के वापस भेजे ला कहल गइल बा। आवेदक 2016 में आरटीआई एक्ट-2005 के तहत जानकारी मंगले रहे। ममिला 2016 में आयोग में सुनवाई खातिर आइल रहे।

Middle Yayawari

भोजन पs होखे आला खरच कवनो कीमत पs 25 हजार रुपिया से बेसी ना होखे

आयोग पवलस कि वर्तमान जनसूचना अधिकारी चंद्रिका प्रसाद जानकारी देवे में जानबूझके देरी ना कइले, बलूक अपरिहार्य परिस्थितियन के वजे से देरी भइल रहे। एहिसे उनका पs सांकेतिक जुर्माना लगावल गइल। उप्रेती आदेश देले कि एह भोजन पs होखे आला खरचा कवनो कीमत पs 25 हजार रुपिया से बेसी ना होखे के चाहीं।

एह ममिला में आयोग पवलस कि असल देरी ग्राम विकास अधिकारी गोपाल सिंह के कारणे भइल रहे, जवन चंद्रिका प्रसाद से पहिले ओजा तैनात रहस। एहिसे गोपाल सिंह पs 25 हजार रुपिया के जुर्माना लगावल गइल

246130cookie-checkजन सूचना अधिकारी पs लागल 250 बच्चन के भोजन करावे के जुर्माना

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.