गोरखपुर : दु दिवसीय दौरा पs आज गोरखपुर अइहे मुख्यमंत्री योगी, अटल आवासीय विद्यालय के करिहे निरीक्षण

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 28, 2022

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ दु दिवसीय दौरा पs आज बियफे के गोरखपुर अइहे। एकर तइयारी में पुलिस आ प्रशासनिक अफसर जुटल बा लो। मुख्यमंत्री दूपहर तीन बजे तक अइहे, फेर हेलिकॉप्टर से सहजनवां जाके अटल आवासीय

Share

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ दु दिवसीय दौरा पs आज बियफे के गोरखपुर अइहे। एकर तइयारी में पुलिस आ प्रशासनिक अफसर जुटल बा लो। मुख्यमंत्री दूपहर तीन बजे तक अइहे, फेर हेलिकॉप्टर से सहजनवां जाके अटल आवासीय विद्यालय के निरीक्षण करिहे।

जेल बाईपास फोरलेन के निर्माण कार्यों के जानकारी लिहे। देर साँझ के गोरखनाथ मंदिर परिसर में आयोजित वन विभाग के कार्यक्रम में हिस्सा ले सकत बाड़े। ई कार्यक्रम श्री गोरखनाथ मंदिर मुक्ताकाशी मंच में होई। पर्यावरणविद माइक हरिगोविंद पांडेय के फिल्मन के देखवाल जाई। जवन जानकारी मिलल, ओकरा मुताबिक, मुख्यमंत्री सुक के लखनऊ जइहे।
साभार- अमर उजाला

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.