Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर : दु दिवसीय दौरा पs आज गोरखपुर अइहे मुख्यमंत्री योगी, अटल आवासीय विद्यालय के करिहे निरीक्षण

119
सीवान इन्शुरेंस 720 90

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ दु दिवसीय दौरा पs आज बियफे के गोरखपुर अइहे। एकर तइयारी में पुलिस आ प्रशासनिक अफसर जुटल बा लो। मुख्यमंत्री दूपहर तीन बजे तक अइहे, फेर हेलिकॉप्टर से सहजनवां जाके अटल आवासीय विद्यालय के निरीक्षण करिहे।

जेल बाईपास फोरलेन के निर्माण कार्यों के जानकारी लिहे। देर साँझ के गोरखनाथ मंदिर परिसर में आयोजित वन विभाग के कार्यक्रम में हिस्सा ले सकत बाड़े। ई कार्यक्रम श्री गोरखनाथ मंदिर मुक्ताकाशी मंच में होई। पर्यावरणविद माइक हरिगोविंद पांडेय के फिल्मन के देखवाल जाई। जवन जानकारी मिलल, ओकरा मुताबिक, मुख्यमंत्री सुक के लखनऊ जइहे।
साभार- अमर उजाला
Middle Yayawari
246180cookie-checkगोरखपुर : दु दिवसीय दौरा पs आज गोरखपुर अइहे मुख्यमंत्री योगी, अटल आवासीय विद्यालय के करिहे निरीक्षण

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.