Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

ज्ञानवापी मामला में टिप्पणी खातिर डीयू के प्रोफेसर रतन लाल गिरफ्तार

रिहा के मांग करत खिसियाइल छात्र कईले प्रदर्शन

150

ज्ञानवापी मस्जिद मामला में सोशल मीडिया पोस्ट के लेके गिरफ्तार भईल हिन्दू कॉलेज के प्रोफेसर रतन लाल के रिहाई के मांग करत शनिवार के दिल्ली विश्वविद्यालय के छात्र कला संकाय के बहरी धरना प्रदर्शन कईले। बुध का दिने प्रोफेसर रतन लाल का खिलाफ मुकदमा दर्ज करावल गइल. दिल्ली पुलिस बियफे का दिने ओकरा के गिरफ्तार कर लिहलसि.

पुलिस के मुताबिक वाराणसी के ज्ञानवापी मस्जिद परिसर के भीतर मिलल एगो ‘शिवलिंग’ के लेके प्रोफेसर आपत्तिजनक टिप्पणी कईले रहले। मिलल जानकारी के मुताबिक पुलिस आज रतन लाल के कोर्ट में पेश क सकता।

मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक, रतन लाल के उत्तर जिला के साइबर पुलिस स्टेशन भारतीय दंड संहिता (आईपीसी) के धारा 153ए अवुरी 295ए (आक्रोशजनक काम) के तहत गिरफ्तार क लेले बा।

डीसीपी सागर सिंह कलसी गिरफ्तारी के पुष्टि कईले। पुलिस अधिकारी बतवले कि प्रोफेसर के मौरिस नगर के आधिकारिक आवास से गिरफ्तार क लिहल गईल बा।

सुप्रीम कोर्ट के वकील विनीत जिंदल रतन लाल के खिलाफ दिल्ली पुलिस में शिकायत दर्ज करवले रहले। ए शिकायत में प्रोफेसर प धार्मिक भावना के चोट पहुंचावे के आरोप लगावल गईल रहे। वकील अपना शिकायत में कहले बाड़न कि ज्ञानवापी मस्जिद परिसर में मिलल एगो ‘शिवलिंग’ के मुद्दा बहुते संवेदनशील प्रकृति के बा आ ई मामिला अदालत में सब विचाराधीन बा.

254800cookie-checkज्ञानवापी मामला में टिप्पणी खातिर डीयू के प्रोफेसर रतन लाल गिरफ्तार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.