Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

लालू यादव से जुड़ल 17 गो ठिकाना पs CBI के रेड, रेल मंत्री रहत घोटाला करे के आरोप

Lalu Yadav CBI Raid: खबरन के मानल जाव तs लालू यादव आ उनकर बेटी के खिलाफ नाया केस दर्ज करे के काम सीबीआई कइले बा। सीबीआई एह ममिला में सुरुआती जांच कइले रहे जेकरा बाद सीबीआई ममिला दर्ज कs के जांच सुरु कइले बा...

133
सीवान इन्शुरेंस 720 90

बिहार के पूर्व मुख्‍यमंत्री आ राजद प्रमुख लालू यादव ( Lalu Yadav ) के मुश्‍किल बढ़त नजर आ रहल बा। जानकारी के मोताबिक केन्द्रीय जांच एजेंसी सीबीआई (CBI) लालू यादव से जुड़ल 17 ठिकानन पs छापा मरले बिया। टीवी रिपोर्टस के मोताबिक छापेमारी के कार्रवाई भ्रष्टाचार से जुड़ल ममिला में जांच एजेंसी कइले बा।

 

का बा ममिला?

बतावल जा रहल बा कि चारा घोटाला ममिला में जमानत मिलला के कुछ हफ्ता बाद, राजद प्रमुख लालू प्रसाद यादव पs यूपीए सरकार में रेल मंत्री का रूप में, उनका कार्यकाल के दौरान भर्ती में कथित अनियमितता के लेके भ्रष्टाचार के एगो नाया ममिला दर्ज कइल गइल बा। एकरा बाद सीबीआई कार्रवाई सुरु कइलस। खबर के मोताबिक लालू यादव के अलावे, उनका परिवार के सदस्यन के नाया ममिला में आरोपी बनावल गइल बा।

लालू यादव आ उनका बेटी के खिलाफ नाया केस दर्ज

खबर के मोताबिक लालू यादव आ उनका बेटी के खिलाफ नाया केस दर्ज करे के काम सीबीआई कइले बिया। सीबीआई एह ममिला के सुरुरआती जांच कइले रहे जेकरा बाद सीबीआई ममिला दर्ज कs के जांच सुरू कइलस। बतावल जा रहल बा कि बिहार के राजधानी पटना इस्‍थित पूर्व मुख्‍यमंत्री लालू प्रसाद यादव के पत्नी राबड़ी देवी के आवासो पs सीबीआई पहुंचल।

दिल्ली आ बिहार में लालू के ठिकानन पs छापेमारी

न्‍यूज एजेंसी एएनआई खबर देलस कि CBI राजद प्रमुख लालू यादव आ उनकर बेटी के खिलाफ भ्रष्टाचार के नाया ममिला दर्ज कइले बिया। लालू यादव के लेके दिल्ली आ बिहार में 17 जगहन पs छापेमारी चल रहल बा।

Middle Yayawari

रेल मंत्री रहते लालू कइले घोटाला

लालू प्रसाद यादव के ठिकानन पs छापेमारी के लेके अधिकारी लो बतावल कि जांच एजेंसी दिल्ली आ बिहार में 17 स्थान पs छापा मरलस। ऊ बतावल लो कि ई कथित घोटाला तब के हs जब लालू प्रसाद यादव संयुक्त प्रगतिशील सरकार माने यूपीए सरकार में रेल मंत्री रहस।

जमानत के बाद लालू भइले रिहा

इहां चर्चा कs दीं कि आरजेडी सुप्रीमो आ बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री लालू यादव (Lalu Yadav) बिरसा मुंडा जेल से जमानत पs कुछ दिन पहले रिहा भइल रहस। हाइकोर्ट से उनका जमानत मिलल जेकरा बाद से ऊ बाहर बाड़े। लालू यादव 42 महीना सजा काट चुकल बाड़े। लालू यादव एम्स में इलाजरत रहले।

साभार: प्रभात खबर

 

254400cookie-checkलालू यादव से जुड़ल 17 गो ठिकाना पs CBI के रेड, रेल मंत्री रहत घोटाला करे के आरोप

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.