[the_ad_group id="30365"]

Indian Railways: देशभर में 31 मई के बंद रही सब ट्रेन, जानीं का बा बड़ वजह

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देश में 31 मई के अइसन होई, जब सब ट्रेनन के चक्का एक संगे थम जाई। जदि रेल मंत्रालय समे रहते ना जागल तs समूचा देश के लोग के एकर बड़ समस्या झेले के पड़ी। एकर वजे भारतीय रेल के सब स्टेशन मास्टरन के हड़ताल पs जाइल बा। रेलवे के उदासीनता के वजे से देश भर के करीब 35 हजार से बेसी स्टेशन मास्टर लो रेलवे बोर्ड के एगो नोटिस थमा देले बा लो। नोटिस में साफ कs दिहल बा कि आगामी 31 मई के हड़ताल पs जाएम सs। देखे के ई बा कि सरकार आखिर एह मुद्दा पs का फसीला लेत बिया। एसे उत्तर प्रदेश के करीब 2 लाख से बेसी जनता प्रभावित होई।

स्टेशन मास्टर काहे कs रहल बा लो हड़ताल?

ऑल इंडिया स्टेशन मास्टर्स एसोसिएशन के अध्यक्ष धनंजय चंद्रात्रे के कहनाम बा कि सरकार कवनो सुनवाई नइखे करत। एकर खाली एगो उपाय हड़ताले बचल बा। समूचा देश में एह समे 6,000 से बेसी स्टेशन मास्टर लो के कमी बा। रेल प्रशासन (Railway Administration) एह पदन पs भर्ती नइखे करत। एह वजे से एह समे देश के आधा से जादे स्टेशन पs खाली दु गो स्टेशन मास्टर पोस्टेड बा लो। ओइसे तs स्टेशन मास्टर के शिफ्ट आठ घंटा के होला। बाकिर स्टाफ के कमी के वजे से हर रोज 12 घंटे के शिफ्ट करे के होला। जवना दिने कवनो स्टेशन मास्टर के साप्ताहिक छुट्टी होला, ओह दिन कवनो दोसर स्टेशन से कर्मचारी बोलावे के पडेला। स्टेशन मास्टरन से बेसी काम करावल जा रहल बा। सरकार नाया भर्ती करो।

 

का बा स्टेशन मास्टर लो के मांग

एसोसिएशन के अध्यक्ष धनंजय के कहनाम बा कि स्टेशन मास्टर लो के मांग के सूची रेलवे बोर्ड के सीईओ के भेज दिहल बा। रेलवे में सब रिक्तियन के जल्दी से भरल जाव। सब रेल कर्मचारियन के बिना कवनो अधिकतम सीमा के रात्रि ड्यूटी भत्ता बहाल कइल जाव। स्टेशन मास्टर लो के संवर्ग में एमएसीपी के लाभ 16.02.2018 के बजाय 01.01.2016 से प्रदान कइल। संशोधित पदनामन के संगे संवर्गन के पुनर्गठन कइल। स्टेशन मास्टर लो के सुरक्षा आ तनाव भत्ता दिहल। एह मांगन के पूरा करे ला मंत्रालय आ सरकार से अपील कइल गइल बा।

 

सालन से चल रहल बा ममिला 

स्टेशन मास्टर एसोसिएशन के पदाधिकारी लो के कहनाम बा कि ई निर्णय कवनों अचके लिहल गइल फसीला ना हs। ई लमहर संघर्ष के बाद लिहल गइल बा। बहुत समे से रेल प्रशासन से मांग होत रहे। रेल प्रशासन ओह लो के मांग के ना मनलस। आपन मांग के मनवावे ला पहिल चरण में एस्मा (AISMA) के पदाधिकारी लो रेलवे बोर्ड के अधिकारियन के ई-मेल भेजके विरोध जतावल। दूसरका चरण में समूचा देश के स्टेशन मास्टर लो 15 अक्टूबर 2020 के रात के ड्यूटी के शिफ्ट में स्टेशन पs मोमबत्ती जरा के विरोध प्रदर्शन कइल। तीसरका चरण के विरोध प्रदर्शन 20 अक्टूबर से 26 अक्टूबर 2020 ले एक हफ्ता ले  चलल। ओह दौरान स्टेशन मास्टर लो करिया बैज लगा के ट्रेन के संचालन कइल लो। चउथका चरण में सब स्टेशन मास्टर 31 अक्टूबर 2020 के एक दिन के भूख हड़ताल पs रहे लो। पांचवा चरण में हर डिवीजनल हेड क्वार्टर के सोझा प्रदर्शन कइल लो। छठवां चरण में सब संसदीय क्षेत्र के जनप्रतिनिधि के ज्ञापन सउप ल गइल आ रेल मंत्री महोदय के ज्ञापन सअपल गइल। सांतवां चरण में रेल राज्य मंत्री से भेंट कs के समस्या से अवगत करावल लो। जब अब ले कवनो सुनवाई ना भइल तs हड़ताल पs जाए के नोटिस थमवले बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]