Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी सिंगापुर ओपन के खिताब जीतला पs पीवी सिंधू के देले बधाई, ट्वीट में लिखले- देश खातिर गर्व के क्षण

दु बेर के ओलंपिक पदक विजेता भारत के पीवी सिंधू अतवार के फाइनल में चीन के वैंग झी यी के तीन गेम तक चलल कड़ा मुकाबला में हराके सिंगापुर ओपन बैडमिंटन सुपर 500 टूर्नामेंट के खिताब जीतली।

6,849

प्रधान मंत्री नरेंद्र मोदी अतवार के सिंगापुर ओपन जीतला खातिर शीर्ष शटलर पीवी सिंधु के बधाई देत कहलें कि ई देश खातिर गर्व के क्षण बा का उनकर उपलब्धि आवे वाला खेलाड़ियन के प्रेरणा दी। भारत के शीर्ष शटलर आ दु बेर के ओलंपिक पदक विजेता पीवी सिंधु अतवार के सिंगापुर ओपन के खिताब अपना नामे कइली। सिंधु चीन के वांग जी यी के फाइनल मुकाबला में 21-9, 11-21, 21-15 से मात देके सुपर 500 टूर्नामेंट में शीर्ष स्थान हासिल कइली।

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी ट्वीट कs के लिखले, ”हम पीवी सिंधू के पहिला बेर सिंगापुर ओपन के खिताब जीतला पs बधाई देत बानी। ऊ फेर से आपन असाधारण खेल प्रतिभा के प्रदर्शन कइली आ सफलता हासिल कइली। ई देश खातिर  गर्व के  क्षण बा आ आवे आला खेलाड़ियन खातिर प्रेरणा दी।”

ई सिंधु के एह सीजन के तीसरा खिताब हs। एकरा पहिले ऊ जनवरी आ मार्च में क्रमशः सैयद मोदी अंतरराष्ट्रीय बैडमिंटन चैंपियनशिप आ स्विस ओपन सुपर 300 खिताब जीत चुकल बाड़ी।

सिंधु पहिला गेम में शानदार लय के साथे ओकरा के 21-9 से जीत लेली। दूसरा गेम में वांग जी वापसी कइली आ सिंधु के कोसिसन के बावजूद मैच के निर्णायक मुकाबला कावर धकेल देली। निर्णायक मुकाबला में सिंधु पहिला पॉइंट से खाता खोलली बाकिर वांग यी लगातार दु पॉइंट बना लेली। सिंधु मैच के सुरुआती लम्हन जइसन लय में वापसी करत 8-5 के बढ़त बना लेली। चीनी खिलाड़ी मैच में वापसी करे के कोसिस कइली बाकिर सिंधु आपन सुरुआती बढ़त में इजाफा करत गेम के 21-15 पs ओरवा के फाइनल पs कब्जा कइली।

सिंधु एकरा पहिले सेमीफाइनल में जापान के साइना कावाकामी के 21-15, 21-7 से हरवले रहली।
सिंधु मैच के बाद कहली, ”समर्थन करे वाला सब लोगन के धन्यवाद। सिंगापुर एगो अच्छा शहर हs, इहां आके निमन लागल। लमहर समय के बाद फाइनल जीतल हमेशा अच्छा होला। आज ई खिताब हासिल कइल बहुत मायने राखत बा काहेकि एकरा से हमरा बहुते आत्मवश्विास मिलेला आ निश्चित रूप से ई हमरा के नया स्तर पs ले जाई।”

ऊ कहली, ”पूरा टूर्नामेंट अच्छा रहल बा। ई तs बस सुरुआत हs आ हम राष्ट्रमंडल खेलन पs आपन धेयान लगावे से पहिले तनी आराम कइल चाहेम।” सिंधु सिंगापुर ओपन जीते वाली दूसरकी भारतीय महिला हई। 12 बरिस पहिले साइना नेहवाल एह खिताब के जीतले रहली।

296000cookie-checkप्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी सिंगापुर ओपन के खिताब जीतला पs पीवी सिंधू के देले बधाई, ट्वीट में लिखले- देश खातिर गर्व के क्षण

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.