Thomas Cup Badminton: भारत रचलस इतिहास, पहिला बेर जीतलस थॉमस कप, 14 बार के चैंपियन इंडोनेशिया के हरवलस

By Anurag Ranjan

Published on: May 16, 2022

अतवार के थॉमस कप के फाइनल मैच में भारत इंडोनेशिया के 3-0 से हराके इतिहास रच देलस। भारत 14 बेर एह टूर्नामेंट के जीते वाली टीम के पराजित कइले बा। लक्ष्य सेन पहिला आ सात्विक

Share

अतवार के थॉमस कप के फाइनल मैच में भारत इंडोनेशिया के 3-0 से हराके इतिहास रच देलस। भारत 14 बेर एह टूर्नामेंट के जीते वाली टीम के पराजित कइले बा। लक्ष्य सेन पहिला आ सात्विक चिराग के जोड़ी दूसरका मैच में भारत के जीत दिलवलस। एकरा बाद किदांबी श्रीकांत तीसरका मैच जीतके भारतीय टीम के पहिला बेर थॉमस कप के चैंपियन बनवले। लक्ष्य सेन पहिलका मैच में डिफेंडिंग चैंपियन इंडोनेशिया के एंतोनी सिनिसुका के 8-21, 21-17, 21-16 से मात देले। दूसरका मैच में सात्विक चिराग के जोड़ी  18-21, 23-21, 21-19 से जीत हासिल कइलस। तीसरका मैच में श्रीकांत क्रिस्टी के 21-15, 23-21 से हराक इतिहास रच देले।

थॉमस कप के 73 साल के इतिहास में भारत के टीम पहिला बेर चैंपियन बनल बिया। ई टूर्नामेंट 1949 से खेलल जात रहे, बाकिर अब तक इंडोनेशिया, चीन, डेनमार्क आ मलेशिया जइसन टीमन के एह टूर्नामेंट में दबदबा रहल रहे, जवना के भारत खत्म कइले बा। भारत छठवा टीम हs जवन ई टूर्नामेंट जीतले बा।

भारतीय टीम मलेशिया आ डेनमार्क जइसन मजबूत टीम के हराकर पछिलका बेर फाइनल में जगह बनवले रहे। एह टूर्नामेंट में भारत खाली एगो मैच हारल रहे, जब ग्रुप स्टेज में चीनी ताइपे से मात मिलल रहे। ओहिजा, इंडोनेशिया के टीम फाइनल से पहिले एह टूर्नामेंट में अजेय रहे। भारतीय प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी टीम इंडिया के जीत के बधाई देले।

श्रीकांत क्रिस्टी के पराजित कइले

भारत के किदांबी श्रीकांत इंडोनेशिया के जॉनथन क्रिस्टी पर शानदार जीत दर्ज कइले। श्रीकांत पहिला गेम 21-15 के अंतर से जीतले रहस आ दूसरका गेम के 23-21 से अपने नावे कइले। श्रीकांत एह पूरा टूर्नामेंट में अजेय रहल बाड़े। भारत सुरुआती तीनों मैच जीत लेले रहे। एहि वजह से बाकी के दूनो मैच करावे के जरूरते ना पड़ल।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.