Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

CWG 2022 Badminton: भारत मिक्स्ड टीम इवेंट के फाइनल में, मेडल कइलस पक्का, लगातार दूसरा गोल्ड पs नजर

भारत 2018 के गोल्ड कोस्ट गेम्स में मिक्स्ड टीम इवेंट के गोल्ड मेडल जीतले रहे आ अबकी बेर भारतीय टीम आपन खिताब के बचाव खातिर उतरी।

7,214

पीवी सिंधु आ लक्ष्य सेन सिंगल्स के आपन-आपन मुकाबले जीतल लो

बर्मिंघम में भारतीय शटलरन के जलवा बरकरार बा आ चार साल बाद फेर भारत बैडमिंटन में अपना खिताब के रक्षा खातिर उतरी। कॉमनवेल्थ गेम्स के मिक्स्ड टीम इवेंट के मवजूदा चैंपियन भारतीय टीम अपना सेमीफाइनल मुकाबला में सिंगापुर के हरावत लगातार दूसरा गेम्स में एह इवेंट के फाइनल में जगे बनावल लो। पांच मैचन वाला मुकाबला में भारत पहिलके तीनो मुकाबला जीतके आपन जगह पक्का कs लेलस। एह तरे एगो आउर मेडल भारत के झोली में गिर गइल। अब मंगर के भारतीय टीम एह मेडल के रंग तय करी, जहां ओकर मुकाबला मलेशिया से होई।

304010cookie-checkCWG 2022 Badminton: भारत मिक्स्ड टीम इवेंट के फाइनल में, मेडल कइलस पक्का, लगातार दूसरा गोल्ड पs नजर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.