[the_ad_group id="30365"]

CWG 2022 Badminton: भारत मिक्स्ड टीम इवेंट के फाइनल में, मेडल कइलस पक्का, लगातार दूसरा गोल्ड पs नजर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पीवी सिंधु आ लक्ष्य सेन सिंगल्स के आपन-आपन मुकाबले जीतल लो

बर्मिंघम में भारतीय शटलरन के जलवा बरकरार बा आ चार साल बाद फेर भारत बैडमिंटन में अपना खिताब के रक्षा खातिर उतरी। कॉमनवेल्थ गेम्स के मिक्स्ड टीम इवेंट के मवजूदा चैंपियन भारतीय टीम अपना सेमीफाइनल मुकाबला में सिंगापुर के हरावत लगातार दूसरा गेम्स में एह इवेंट के फाइनल में जगे बनावल लो। पांच मैचन वाला मुकाबला में भारत पहिलके तीनो मुकाबला जीतके आपन जगह पक्का कs लेलस। एह तरे एगो आउर मेडल भारत के झोली में गिर गइल। अब मंगर के भारतीय टीम एह मेडल के रंग तय करी, जहां ओकर मुकाबला मलेशिया से होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]