Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

प्रभास के Project K पूरा भी नाइ भइल अउर करोड़ों रुपया में बिक गइल डिस्ट्रीब्यूशन राइट्स

6,014

प्रभास के Project K 2023 में आवे वाले सबसे बड़ फिल्मन में से एक बा। काहेसेकि एके 500 करोड़ रुपए के बजट में बनावल जा रहल बा। एह फिल्म से जुड़ल हर चीज़ बहुत भव्य बा। अमिताभ बच्चन, दीपिका पादुकोण अउर दिशा पटानी भी एह फिलिम के हिस्सा बानें लोग। डायरेक्ट कs रहल बानें नाग अश्विन। एह फिल्म से जुड़ल ताजा खबर ई बा कि फिल्म के रिलीज़ डेट अइले से पहिलही एकर डिस्ट्रीब्यूशन राइट्स बिक गइल बानें। फिल्म के निज़ाम में रिलीज़ करे खातिर डिस्ट्रीब्यूटर्स 70 करोड़ रुपया चुकवले बानें।

‘प्रोजेक्ट K’ एगो डिस्टोपियन फिल्म बतावल जा रहल बा। डिस्टोपिया मतलब ऊ सोसाइटी जहां कुछ सही नइखे, लोग दुखी बानें। न्याय व्यवस्था चरमराकर टूट चुकल बा। जइसे बैटमैन के शहर गोथम सिटी रहल। प्रभास के फिल्म ओही दौर में घटी। एकरे अलावा फिल्म के प्लॉट के बारे में कुछ नाइ बतावल गइल।

पिछले दिन में मेकर्स लोग फिल्म से एगो वीडियो रिलीज़ कइलें। एके प्रमोशनल कैंपेन के शुरुआत के तरह देखल गइल। एह वीडियो के नाम ह ‘फ्रॉम स्क्रैच’ यानी शुरू से। एहमें डायरेक्टर नाग अश्विन अपने टीम के साथ मिल के wheel यानी चक्का के री-इन्वेंट कs रहल बानें। फिल्म खातिर अलग तरीका के चक्का बनावल जा रहल बा।

खैर, ‘प्रोजेक्ट K’ के शूटिंग के काम तकरीबन पूरा हो चुकल बा। एह फिल्म में साइंस फिक्शन वाला गुण बा। एहलिए फिल्म के पोस्ट-प्रोडक्शन अउर विजुअल इफेक्ट्स में 8-9 महीना समय लगले के बात कहल जा रहल बा। ई फिल्म 18 अक्टूबर, 2023 के रिलीज़ खातिर शेड्यूल्ड रहल, लेकिन फिल्म में लागे वाले समय के देखत एके आगे खिसकवले के फुल चांस बा। बावजूद एकरे, फिल्म के रिलीज़ के तैयारी चालू हो चुकल बा डिस्ट्रिब्यूटर्स फिल्म के ले के अभीने से उत्साहित बानें।

ग्रेट आंध्रा डॉट कॉम में छपल एगो रिपोर्ट के मुताबिक ‘प्रोजेक्ट K’ के निज़ाम के डिस्ट्रीब्यूशन राइट्स बिका गइल बा। एशियन सुनील सिंडिकेट एह फिल्म के राइट्स 70 करोड़ रुपया में खरिदले बानें। बीतल दिन तेलुगु इंडस्ट्री के कुछ डिस्ट्रीब्यूटर्स लोग मिल के आपन सिंडिकेट बनवलें। एहमें सुरेश बाबू अउर सुनील नारंग जइसन डिस्ट्रीब्यूटर लोग शामिल बानें। अब ले ई लोग ‘सीता रामम’, ‘कार्तिकेय 2’ अउर रवि तेजा स्टारर ‘धमाका’ रिलीज़ कइले रहनें। ई तीनों लोग फिलिम ब्लॉकबस्टर रहल। अब ई ‘प्रोजेक्ट K’ रिलीज़ कइल चाहsतने काहेसेकि ओ फिलिम से सब के उम्मीद बा।

एहसे सबसे ज़्यादा उम्मीद प्रभास के बा काहेसेकि ‘बाहुबली’ के बाद ऊ एगो हिट फिल्म खातिर तरस रहल बानें। ‘साहो’ अउर ‘राधे श्याम’ जइसन फ्लॉप दे चुकल बानें। अइसे में प्रशांत नील डायरेक्टेड ‘सालार’ अउर ‘प्रोजेक्ट K’ पर उनकर सब उम्मीद टिकल बा। सथही में ओम राउत के ‘आदिपुरुष’ भी। अब देखे के होई कि एहमें से कौन फिलिम प्रभास के पैन-इंडिया सुपरस्टार वाली इमेज के संगे न्याय कs पावsतिया।

430030cookie-checkप्रभास के Project K पूरा भी नाइ भइल अउर करोड़ों रुपया में बिक गइल डिस्ट्रीब्यूशन राइट्स

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.