Actress Riya Murder Case: पति के बाद पुलिस देवर के कइलस गिरफ्तार, जांच टीम रांची रवाना

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 30, 2022

पश्चिम बंगाल के हावड़ा में झारखंड के अभिनेत्री रिया कुमारी हत्या ममिला में सुक के पुलिस पति प्रकाश के बाद उओकर छोट भाई संदीप कुमार गिरफ्तार कs लेले बिया। बीतल बुध के हावड़ा के बागनान

Share

पश्चिम बंगाल के हावड़ा में झारखंड के अभिनेत्री रिया कुमारी हत्या ममिला में सुक के पुलिस पति प्रकाश के बाद उओकर छोट भाई संदीप कुमार गिरफ्तार कs लेले बिया। बीतल बुध के हावड़ा के बागनान हाईवे पs कथित डकैती के दौरान रिया के गोली मारके हत्या कs दिहल गइल रहे।

पुलिस रिया के परिजनन के शिकायत के बाद बियफे के अभिनेत्री के पति प्रकाश के गिरफ्तार कs लेले रहे। परिजन प्रकाश के छोट भाई संदीप के खिलाफ कइयन गो आरोप लगवले रहे। पुलिस के मोताबिक, प्रकाश के छोट भाई के बगनान थाना में दर्ज प्राथमिकी के आधार पs गिरफ्तार कइल गइल रहे।

प्राथमिकी में प्रकाश के पहली पत्नी शारदा देवी के नाम हs। पुलिस ममिला में ओकर भूमिका के जांच कर रहल बिया आ बंगाल से एगो टीम पहिलही रांची खातिर रवाना हो गइल रहे। पुलिस के पता चलल बा कि प्रकाश पs 30 लाख रुपिया के करजा बा। पुलिस ममिला के कइयन गो एंगल से जांच कर रहल बिया।

गोरखपुर लिटरेरी फेस्टिवल में सामिल होइहें वरिष्ठ पत्रकार, कवि आ लेखक राणा यशवंत 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.