Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर महोत्सव के भईल आगाज, रंगारंग कार्यक्रमन से सजी सुरन के महफिल

गोरखपुर महोत्सव के भईल शानदार आगाज ,गोरखपुर महोत्सव के प्रमुख आयोजन बस तीन दिन के बा बाकिर शिल्प मेला 17 जनवरी तक चली ।

688

गोरखपुर महोत्सव के प्रमुख आयोजन तीन दिन के बा बाकिर शिल्प मेला 17 जनवरी तक चली। जवना में तरे-तरे के हस्त शिल्प स्टॉल, वाणिज्यिक स्टॉल लगावल जाई।एकरे अलावा ऑटो मोबाइल एक्स्पो के आयोजनो के जोजना बा ।एह दउरान खेती, फ़ल आ सब्जी , फूल प्रदर्शनी के संगे-संगे विभिन्न जन कल्याणकारी सरकारी योजनन परचार-परसार कईल जाई आ ओकरो स्टॉल लगावल जाई।
बता दिहीं कि गोरखपुर के चंपा देवी पार्क में बुधवार के गोरखपुर महोत्सव के शानदार आगाज हो चुकल बा। पर्यटन मंत्री जयवीर सिंह उद्घाटन दिया जराइ के महोत्सव का शुभारंभ कइले हs । ई महोत्सव 11 से 13 जनवरी तक चले वाला बा। पर्यटन मंत्री जयवीर सिंह महोत्सव का शुभारंभ कइले तs एकर समापन मउका पs मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ मवजूद रहीहें।
हर बेर की तरे एहू बेर महोत्सव में सुरक्षा के बहुते कड़ा इंतजाम कईल गईल बा । ड्रोनो से पुलिस एह प s नजर बनवले रही ।ठंड से बचाव खातिर महोत्सव स्थल पर जगह-जगह अलाव के बेवस्था रही । एकरा संगही ही डॉक्टरन के टीम अउरी इलाज के जरूरी संसाधनो मवजूद रही। सफाई के बेवव्स्था नगर निगम अउरी पंचायतीराज विभाग को सउँपल गईल बा।
जीडीए उपाध्यक्ष महेंद्र सिंह तंवर और एसपी सिटी कृष्ण कुमार बिश्नोई  मंगर के कमिश्नर सभागार में महोत्सव के बारे में जानकारी देत बतवले कि चंपा देवी पार्क में 11 से 13 तक आयोजित होखे वाला महोत्सव में तरे- तरे के काजकरम होई।
टैलेंट हंट में लइकन-बच्चा सब अपना-अपना मेधा के प्रदर्शन करे के मवका मिली तs ओहिजे कई तरह के खेल प्रतियोगितनो के आयोजन होई । विज्ञान मेला, कृषि मेला, शिल्प व टेराकोटा प्रदर्शनी के संगही पुस्तको मेला के होई आयोजन ।

 रोज लागी बॉलीवुड नाईट के तड़का

महोत्सव में रोजाना साँझ के बॉलीवुड नाइट तs 12 जनवरी के भोजपुरी नाइट के तड़का लागी । पहिला दिने मशहूर सूफी गायक कैलाश खेर अपना सुर आ गायकी का जादू चलइहें। उहे दूसरा दिने बॉलीवुड नाइट असित त्रिपाठी आ फेर भोजपुरी नाइट पद्मश्री मालिनी अवस्थी के नावे रही। आखिरी दिन सोनू निगम अपना मीठ आवाज से समां बन्हिहें ।
उहाँ के बतवनी  कि महोत्सव में बच्चन से लेकर बुजुर्गन तक, हर वर्ग के मनोरंजन के खासा ध्यान रखाइल बा। सांस्कृतिक कार्यक्रमन के संगे-संगे लोग-बाग देसी जायका आ पकवानो मज़ा उठा सकिहें एह दउरान गीडा के सीईओ पवन अग्रवाल और क्षेत्रीय पर्यटन अधिकारी रविंद्र कुमार मिश्र आदि लोग मवजूद रहलें ।

गोरखपुर महोत्सव 2023 के भईल शानदार आगाज

दूर बईठल लोगनो के स्क्रीन पर लउकी मुख्य मंच के हर रंग
महोत्सव ख़ातिर चंपा देवी पार्क में पंडाल नीक तरह से सजकर तईयार हो गइल बा। एह बार पंडाल में 2,500 कुर्सियां लगावल गईल बा।  मुख्य मंच से दूर बईठल लोगनो के मंच का हर रंग दिखे, एकरा ख़ातिर मुख्य मंच पs एगो बहुते बड़का गो एलईडी स्क्रीन आ ओकरा साथही पूरा महोत्सव स्थल में जगह-जगह पs एलईडी स्क्रीन लागल रही। महोत्सव परिसर में 225 स्टॉल लगावल गईल बा । एह में से 25 स्टॉल फूड जोन ख़ातिर आरक्षित बा ।शिल्प मेला खातिर 80 स्टॉल, सरस मेला खातिर 30 स्टॉल, बुक स्टॉल के 30गो स्टॉल लगावे के योजना बा । 50 स्टॉल कामर्शियल होखी, जवना के विभिन्न कंपनियन के प्रचार-प्रसार खातिर आवंटित करावल गईल बा । खेती अउरी बागबानी विभाग के उपलब्धियन के लोगन तक पहुंचावे ख़ातिर विभाग के 50 गो स्टॉल दिहल गइल बा ।

11 जनवरी से 17 जनवरी लागी शिल्प मेला

गोरखपुर महोत्सव के प्रमुख आयोजन तीन दिन के बा बाकिर शिल्प मेला 17 जनवरी तक चली। जवना में तरे-तरे के हस्त शिल्प स्टॉल, वाणिज्यिक स्टॉल लगावल जाई।एकरे अलावा ऑटो मोबाइल एक्स्पो के आयोजनो के जोजना बा ।एह दउरान खेती, फ़ल आ सब्जी , फूल प्रदर्शनी के संगे-संगे विभिन्न जन कल्याणकारी सरकारी योजनन परचार-परसार कईल जाई आ ओकरो स्टॉल लगावल जाई।

 

11 जनवरी के मुख्य कार्यक्रम
-11 बजे महोत्सव का शुभारंभ
– सबरंग दोपहर 02:30 से शाम 06:30 बजे तक
– बॉलीवुड नाइट अमन त्रिखा, मुंबई, शाम 06:30 से 07:30 बजे तक
– कैलाश खेर, मुंबई रात्रि 07:30 बजे से

12 जनवरी के मुख्य कार्यक्रम

– लोकरंग दोपहर 1:30 से 5:30 बजे तक
– फैशन शो वनटांगिया (सुगम सिंह शोखावत) शाम 05.30 से 06.00 बजे तक
– बॉलीवुड नाइट असित त्रिपाठी, शाम 06:30 से 07.30 बजे तक
– लोक गायन पद्मश्री मालिनी अवस्थी, रात्रि 07:30 से 09:30 बजे तक
– कवि सम्मेलन रात्रि 09:30 से

13 जनवरी के मुख्य कार्यक्रम

– काव्य पाठ रवि किशन : दोपहर 03:00 बजे से
– अग्निहोत्री बंधु लोग के भजन कार्यक्रम : 03:30 बजे से शाम 05:30 बजे तक
– सबरंग : शाम 5:30 बजे से 7 बजे तक
– बॉलीवुड नाइट : सोनू निगम, शाम 07:30 बजे से
11-17 जनवरी तक शिल्प मेला, व्यापार पुस्तक मेला

436100cookie-checkगोरखपुर महोत्सव के भईल आगाज, रंगारंग कार्यक्रमन से सजी सुरन के महफिल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.