चाईबासा: पुलिस के रेकी कs रहल माओवादी मुर्गी पिस्टल के संगे कराईकोला से गिरफ्तार

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 24, 2022

Chakardharpur:  पुलिस के प्रतिबंधित संगठन भाकपा माओवादी के सेक्शन कमांडर मुर्गी उर्फ विश्वनाथ के गिरफ्तार करे में सफलता मिलल बा। ओकरा लगे से एगो पिस्टल, पाँच गो जिंदा गोली, टैब आ आ टरच बरामद कइल गइल

Share

Chakardharpur:  पुलिस के प्रतिबंधित संगठन भाकपा माओवादी के सेक्शन कमांडर मुर्गी उर्फ विश्वनाथ के गिरफ्तार करे में सफलता मिलल बा। ओकरा लगे से एगो पिस्टल, पाँच गो जिंदा गोली, टैब आ आ टरच बरामद कइल गइल बा। गिरफ्तार नक्सली के कराईकोला थाना क्षेत्र के नकटी बाजार से गिरफ्तार कइल गइल बा। एएसपी चक्रधरपुर कपिल चौधरी बियफे के अपना कार्यालय में मीडिया के एकर जानकारी देले। एएसपी बतवले कि नक्सली मुर्गी उर्फ विश्वनाथ  के निशानदेही पs छापामार दल टेबो के हलमद आ रोग्तो के जंगलन में 6 गो टिफिन बम आ आउर विस्फोटक बरामद कइले रहे। कराईकेला थाना में ममिला दरज कs के गिरफ्तार नक्सली के न्यायिक हिरासत में भेज दिहल गइल बा।

पुलिस के मिलल रहे गुप्त सूचना

एसपी बतवले कि 23 मार्च के चाईबासा पुलिस के सूचना मिलल रहे कि नकटी बाजार में माओवादी नक्सली पुलिस के गातिविधियन के रेकी करत रहे। एह सूचना पs एसपी के निर्देश पs टीम गठन कs के छापेमारी कइल गइल। छापेमारी में मुर्गी बोदरा उर्फ विश्वनाथ उर्फ दोड़े(21) बुढ़न बोदरा, पता सेरेगेंदा, थाना कराईकोला, जिला पश्चिमी सिंहभूम के गिरफ्तार कइल गइल। पुलिस के मोताबिक मुर्गी बोदरा उर्फ विश्वनाथ उर्फ दोड़े बरिस 2012 से माकपा माओवादी संगठन में बा आ अभी सेक्शन कमांडर के पद पs बा। ई शीर्ष माओवादी कमांडर प्रसाद, जीवन कंदुलना मोछू, अजय महतो, कांडे आ सुरेश मुंडा के दस्ता के संगे गुदड़ी, कोल्हान, पोड़ाहाट आ बुण्डू-चांडिल क्षेत्र में सक्रिय रहल बा।

निशानदेही पs बरामद भइल आइइडी आउर विस्फोटक

पूछताछ के घरी मुर्गी बोदरा उर्फ विश्वनाथ टेबो थाना के हलमद आ रोग्तो के जंगलन में आइइडी लुका के राखे के बात कहले रहे। जवना के आधार पs एसपी चाईबासा के निर्देश पs जिला पुलिस आ 60 बटालियन सीआरपीएफ आ बम निरोधक दस्ता के संगे संयुक्त रूप से अपर पुलिस अधीक्षक (अभियान) चाईबासा आ सहायक कमांडेंट 60 बटालियन सीआरपीएफ़ के नृतेत्व में टीम के गठन कs के खास सर्च अभियान चलाके 6 गो आइइडी (3 किलोग्राम 3 पीस, 2 किलोग्राम 2 पीस आ 1 किलोग्राम 1 पीस टिफिन बम) आ 9 बंडल कोर्ट्रेक्स विस्फोटक बरामद कइल गइल रहे। बारामद आइइडी के बम निरोधक घटना के जगे पs नष्ट कs देले रहे।

साभार: न्यूज़ विंग

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.