जमशेदपुर: आदित्यपुर औधोगिक क्षेत्र में ट्रांसपोटर देबू दास के गोली मार के ह्त्या

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 25, 2022

Jamshedpur: आदित्यपुर थाना क्षेत्र के औधोगिक क्षेत्र में गम्हरिया इस्तिथ टीचर ट्रेनिंग मोड़ से सटल डबलरोड पs बियफे के भोर में लमसम साढ़े आठ बजे देवव्रत गोस्वामी उर्फ देबू (35) के गोली मार के हत्या

Share

Jamshedpur: आदित्यपुर थाना क्षेत्र के औधोगिक क्षेत्र में गम्हरिया इस्तिथ टीचर ट्रेनिंग मोड़ से सटल डबलरोड पs बियफे के भोर में लमसम साढ़े आठ बजे देवव्रत गोस्वामी उर्फ देबू (35) के गोली मार के हत्या कs दिहल गइल। ऊ पेसा से ट्रांसपोटर रहे। एह घटना से समूचा क्षेत्र में सनसनी फइल गइल। घटना तब घटल जब देबू अपना बाइक से डम्पर में डीजल भरवावे जात रहे। ओहि दौरान अपराधी ओकरा पीठ में गोली मार देले सs, जवन छाती से आर-पार हो गइल। ओकरा बाद बांह पs चाकू मारल गइल।

देबू के भाई अभिषेक गोस्वामी बतवले कि ऊ ड्यूटी में रहस तबे उनका पाता लागल कि उनका भाई के गोली मार देहल गइल बा। ऊ भाग के घटना के जगे पs पहुंचले आ उहां से अपना भाई के लेके टीएमएच अइले। जहां डाक्टर लो ओकरा के मृत घोसित कs देलस लोग। एही बीचे पुलिस मवका पs पहुंचल आ अगरी-कगरी के इलाकन में लागल सीसीटीवी से हमलावरन के पता लगा रहल बिया। स्थानीय लोगन के मोताबिक गोली लागला के बादो देबु करीब 10 मीटर ले जान बचावे के कोसिस में भागल बाकिर छाती से आर पार भइल गोली ओकरा के ओहिजा ढ़ेर कs देलस। पुलिस के मोताबिक देबु पs पहिले से अपराधिक केस दरज बा। पुलिस घटना के जांच में जुटल बिया।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.