[the_ad_group id="30365"]

बंगाल में फिर हत्या : बीरभूम हिंसा के बाद अब नादिया में तृणमूल नेता के गोली से भून के हत्या

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पश्चिम बंगाल में हिंसा के दौर थम नाहि रहल बा। बीरभूम जिला में भइल 10 लोग के हत्या के मामला ठंडो नाहि पड़ल बा अउर अब नादिया में एगो टीएमसी नेता के गोली मार के हत्या कs देहल गइल। घटना बुधवार देर रात भइल। मृतक के नाव सहदेव मंडल बतावल जा रहल बा। ऊ नादिया जिले में टीएमसी के स्थानीय कार्यकर्ता रहने। सहदेव के पत्नी अनीमा मंडल बगुला के पंचायत सदस्य बाड़ी।  ओन्ने, हुगली के तारकेश्वर में तृणमूल कांग्रेस के महिला पार्षद के कार से रौंदे के कोशिश कइल गइल।

नादिया में सहदेव मंडल बुधवार रात लहूलुहान अवस्था में सड़क पर पड़ल मिलल। लोग ओनके बगुला के स्वास्थ्य केंद्र पहुंचावल। हालत बिगड़ले पs ओनके कृष्णानगर अस्पताल ले जाइल गइल, जहवाँ ऊ दम तोड़ देहने। तारकेश्वर में महिला पार्षद रूपा सरकार के गंभीर हालत में अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। पश्चिम बंगाल में पिछला महीना नगर निकाय के चुनाव भइल रहे। एकरे बाद से लगातार राजनीतिक हिंसा के घटना सामने आ रहल बा।

 

साभार – अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]